[the_ad_group id="30365"]

Elvish Yadav जीतले Bigg Boss OTT सीजन 2, शो में डांस परफॉर्मेंस से लेके देखे के मिलल कॉमेडी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिग बॉस ओटीटी 2 विजेता : टेलीविजन दुनिया के सबसे बड़ रियलिटी शो बिग बॉस ओटीटी 2 के विजेता मिल गइल बा। एल्विश यादव ट्रॉफी ले लिहले बाड़न। बता दीं कि ग्रैंड फिनाले में ई दुनु फिल्मी स्टार सलमान खान के साथे देखल गइलें जे एह शो के शान बढ़ा दिहलन। सलमान खान एह शो के विजेता के नाम एलान कइलन आ 25 लाख के इनाम दिहलन।

ई लोग एगो धमाका परफॉर्मेंस दिहले

ग्रैंड फिनाले के दौरान एल्विश यादव अवुरी मनीषा रानी अपना डांस के प्रस्तुति से सभके मंत्रमुग्ध क देले। एह दौरान सलमान खान बिल्ली बिल्ली गाना पs डांस कइलन। बॉलीवुड अभिनेता आयुष्मान खुराना आ अभिनेत्री अनन्या पाण्डेय एह शो में चहुँप गइल रहले। असल में दुनु जने अपना फिल्म ‘ड्रीम गर्ल 2’ के प्रचार कइले रहले। तीनों बड़का सितारन के एक संगे देख के दर्शक बहुते मजा लेत रहले। दुनु के जोड़ी भी धमाकेदार परफॉर्मेंस दिहले।

एल्विश यादव इतिहास रचले

रउरा सभे से बता दी कि एल्विश यादव शो के विजेता बन के इतिहास रचले बाड़न। दरअसल एह शो के इतिहास में पहिला बेर कवनो वाइल्डकार्ड शो जीतल बा। अबकी बेर एह टॉप 5 प्रतियोगियन के बीच लड़ाई भइल। जवना में अभिषेक मल्हान, एल्विश यादव, पूजा भट्ट, मनीषा रानी आ बेबिका के नाम शामिल कइल गइल। जवना में अभिषेक मल्हान पहिला उपविजेता आ मनीषा रानी दुसरका उपविजेता रहली।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]