[the_ad_group id="30365"]

Johnny Lever Birthday: चॉल से चलके सिनेमा के शिखर ले पहुंचले जॉनी लीवर, एह कंपनी के वजह से बदल गइल नाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Johnny Lever Unknown Facts: 14 अगस्त 1957 के तेलुगु ईसाई परिवार में जनमल जॉनी लीवर कवनो पहचान मोहताज नईखन। बता दी कि जॉनी के असली नाम जॉन प्रकाश राव जनुमाला ह। अपना करियर में 300 से अधिका फिलिमन में काम कइलन आ अपना कॉमेडी से लोग के खूब हँसा दिहलन। जन्मदिन के विशेष में हमनी के जॉनी लीवर के जीवन के कुछ किस्सा-कहानी से परिचय कर रहल बानी जा।

बचपन दुख में बीतल रहे

जॉनी लीवर आजु सिनेमा के दुनिया में एगो जानल मानल नाम बान बाकिर उनुका जिनिगी में बहुते संघर्ष के सामना करे के पड़ल। असल में जब जॉनी छोट रहले त उनुकर परिवार आर्थिक संकट से जूझत रहे। अइसना में पढ़ाई छोड़ के कलम बेचे लगले। उ बचपन से बहुत मजाकिया रहले। अयीसना में उ बॉलीवुड स्टार निहन नाच के कलम बेचत रहले।

एही से नाव बदलल गइल

जॉनी लीवर के पिता हिंदुस्तान लीवर कंपनी में काम करत रहले। उ जॉनी के खुद कंपनी में नौकरी भी देले। ऊ वजनी ड्रम भी बेहद आसानी से दोसरा जगहा शिफ्ट कs देत रहले आ अपना कॉमेडी से कंपनी के दोस्तन के खूब हँसावत रहले। एकरा चलते उनुकर नाम बदल के जॉन प्रकाश राव जनुमाला के जगह जॉनी लीवर हो गईल।

जब जॉनी अपना पिता के अस्पताल में छोड़ के शूटिंग में पहुंचले

रोवत लोग के हँसावे में माहिर जॉनी लीवर के अपना जिनिगी में बहुते दुख के सामना करे के पड़ल बा। हालात अउरी खराब हो गईल, उनुका अपना बेमार पिता के अस्पताल में छोड़ के शूटिंग खातीर जाए के पड़ल। असल में जब जॉनी के पिता के गोड़ के ऑपरेशन करे के रहे त उ ओ समय एगो कॉमेडी सीन के शूटिंग करत रहले। एह बात के खुलासा खुद जॉनी लीवर एगो साक्षात्कार में कइले बाड़न।

एही तरे अभिनय के कैरियर शुरू भइल

जॉनी लीवर कॉमेडी के संगे नकल भी करत रहले। ऊ आपन कैरियर के शुरुआत स्टैंडअप बतौर स्टैंडअप कॉमेडियन के रूप में कइलें, एकरे कारण ऊ स्टेज शो भी करत रहलें। अइसने एगो स्टेज शो के दौरान सुनील दत्त के नजर उनुका पs पड़ल। ऊ जॉनी लीवर के फिलिम ‘दर्द का रिश्ता’ में पहिला ब्रेक दिहलन जवना के बाद जॉनी लीवर के सफलता के अतना राह पकड़त गइल कि ऊ प्रसिद्धि के चरम पs चहुँप गइलन।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]