[the_ad_group id="30365"]

जगदीप धनखड़ बनले नया उपराष्ट्रपति, 200 वोट ले ना ले सकली विपक्ष के उम्मीदवार मार्गरेट अल्वा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल जगदीप धनखड़ देश के नया उपराष्ट्रपति होइहें। ऊ अपना प्रतिद्वंद्वी आ विपक्ष के उम्मीदवार मार्गरेट अल्वा के हरवले। धनखड़ के 528 वोट मिलल। एमे से 15 वोट अमान्य रहल। ओहिजा मार्गरेट अल्वा के कुल 182 वोट मिलल। एह तरे धनखड़ विपक्ष के उम्मीदवार के 346 मतन के अंतर से हरवले। लोकसभा के महासचिव उत्पल कुमार प्रेस कांफ्रेंस कs के उनकर जीत के औपचारिक ऐलान कइले। हालांकि एनडीए उम्मीदवार धनखड़ के जीत के कयास सुरुआते से लगावल जात रहे।सनिचर के संसद में उपराष्ट्रपति चुनाव खातिर कुल 780 में से 725 सांसद आपन मताधिकार के प्रयोग कइल लो। टीएमसी के 34 गो सांसद, एसपी आ शिवसेना के दु गो आ बीएसपी के एगो सांसद वोटिंग से किनारा कइल लो। साँझ के पांच बजे तक मतदान चलल आ एक घंटा बाद माने 6 बजे से काउंटिंग सुरु भइल।

धनखड़ के उपराष्ट्रपति बनला पs पीएम मोदी, गृह मंत्री अमित शाह समेत कइयन गो नेता लो बधाई दिहल। उनका उपराष्ट्रपति बनला पs दिल्ली स्थित भाजपा मुख्यालय में जश्न मनावल गइल। ढोल नगाड़न के साथे भाजपा कार्यकर्ता नाचत नजर आइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]