[the_ad_group id="30365"]

अखिल भारतीय क्षत्रिय महासभा के राष्ट्रव्यापी रथ यात्रा गोरखपुर पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। अखिल भारतीय क्षत्रिय महासभा के पिछिला 09 अगस्त के जम्मू से शुरू भइल राष्ट्रव्यापी रथ यात्रा पंजाब, हिमाचल, उत्तराखंड, पश्चिम उत्तर प्रदेश, हरियाणा, राजस्थान, मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़, उड़ीसा, झारखंड, बंगाल, बिहार होखत आज उत्तर प्रदेश के ऐतिहासिक नगर गोरखपुर पहुँचल। जहाँ सब जाति आ संप्रदाय के लोग भारी संख्या में पूर्व सैनिकन के संगे रथ यात्रा के स्वागत आ सत्कार कइल।

एह अवसर पs अखिल भारतीय क्षत्रिय महासभा के राष्ट्रीय अध्यक्ष ठाकुर महेंद्र सिंह तँवर अलग-अलग जातियन में व्याप्त भेदभाव के मूल से समाप्त करे खातिर सभे के आवाहन कइले आ कहले कि आज तक के सभे महापुरूष चाहे ऊ कवनो जाति के रहल होखे, कवनो जाति से भेदभाव के बात कबो ना कहल। बलुक जिनगी भर जातियन के उत्थान खातिर अपना जिनगी के समर्पित कइले। ऊ आगे कहले कि आरक्षण आज भाई से भाई के बीच के देवाल के दिन प्रति दिन आउर बड़ कर रहल बा। आरक्षण से आज तक आरक्षित जातियन के कवनो खास फायदा नइखे भइल। एकर फायदा खाली आ खाली कुछे धनाढ्य आ धनिक लोग उठा रहल बा।

एहिसे आरक्षण देश के प्रगति, उन्नति आ भाईचारा के बीच में एहो बहुत बड़ बाधा बनके खड़ा बा। एहिसे देश के एकता आ अखंडता खातिर ई बहुते जरूरी बा कि जातिगत आरक्षण के समाप्त कइल जाव आ आर्थिक आधार पs खाली जरूरतमंद गरीबन खातिर आरक्षण के बेवस्था होखे। ऊ सरकार से इहो माँग कइले कि ए घरी जवना तरे से कुछ अवांछनीय तत्वन द्वारा ऐतिहासिक पुरुषन के इतिहास के संगे छेड़-छाड़ कइल जा रहल बा ओकरा के रोक के तुरंत कठोर कार्रवाई आ जाँच कइल जाव।

एह अवसर पs महासभा के पूर्व सैनिक कल्याण परिषद के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ आठ विश्व रिकॉर्ड धारक ग्रुप कैप्टन डॉ जय पाल सिंह चौहान सम्बोधित कइले आ विशेष रूप से अयोध्या पीठाधीश्वर बालमुकुंदाचार्य, धर्म पाल नेगी, रामदयाल नेगी, मानसिंह मेहता, भागसिंह सिंह चंदेल, भगत शास्त्री, मनोहर सिंह चंदेल, मनीष सिंह उपस्थित रहे लो।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]