Bank Holidays: अक्टूबर में छुट्टियन के भरमार, 21 दिन बंद रही बैंक, ब्रांच जाये से पहिले चेक कs लीं लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2022

अक्टूबर महीना में कइयन गो त्योहार बा। दशहरा, दिवाली, छठ जइसन कइयन गो परब होखला के कारण आवे आला महीना में छुट्टियन के भरमार बा। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया द्वारा जारी बैंकन के छुट्टियन के

Share

अक्टूबर महीना में कइयन गो त्योहार बा। दशहरा, दिवाली, छठ जइसन कइयन गो परब होखला के कारण आवे आला महीना में छुट्टियन के भरमार बा। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया द्वारा जारी बैंकन के छुट्टियन के लिस्ट पs नजर डालल जाव तs अक्टूबर के 31 दिन में से 21 दिन बैंक बंद रही।

माने जदि रउआ बैंक से जुड़ल कवनो अइसन काम बा, जवना खातिर रउआ ब्रांच जाये के जरूरत बा तs घर से निकलला से पहिले बैंक के छुट्टियन के लिस्ट जरूर चेक कs लेम।

अक्टूबर में बैंकन के लमहर छुट्टी

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया (RBI) अक्टूबर 2022 खातिर बैंकन के छुट्टियन के लिस्ट जारी कs देले बा। एह लिस्ट के अनुसार अक्टूबर महीना में कुल 21 दिन बैंक बंद रहे वाला बा। माने रउआ बैंकिंग वर्क खातिर मात्र 10 दिन के समय मिली। रउआ बैंक के शाखा में जाई एकरा पहिले बैंक हॉलीडे के एह लिस्ट के जरूर देख लीं कि रउआ शहर में बैंक कब-कब बंद बा। रउआ सभे के बता दीं कि RBI बैंक हॉली डे लिस्ट के तीन कैटेगरी में बंटले बा, जेमे Negotiable Instruments Act, रीयल टाइम ग्रॉस सेटलमेंट हॉलिडे आ Banks Closing of Accounts खातिर छुट्टी निर्धारित बा।

अक्टूबर में बैंक कब-कब बंद

अक्टूबर महीना के सुरुआते छुट्टी के संगे हो रहल बा। पहिले तारीख के देशभर के बैंक बंद रही।

  • 1 अक्टूबर 2022: बैंक के गाफ इयरली क्लोजिंग के कारण देशभर के बैंक बंद रही।
  • 2 अक्टूबर 2022: अतवार के संगे-संगे गांधी जयंती के कारण देशभर के बैंकन में छुट्टी रही।
  • 3 अक्टूबर 2022: दुर्गा महाअष्टमी के अवसर पs अगरतला, भुवनेश्वर, गुवाहाटी, इंफाल, कोलकाता, पटना, रांची में बैंकन के छुट्टी रही।
  • 4 अक्टूबर 2022: महानवमी के संगे-संगे श्रीमंत शंकरदेव के जन्मोत्सव के मौका पs अगरतला, बेंगलुरु, भुवनेश्वर, गुवाहाटी, कोलकाता, चेन्नई, गंगटोक, कानपुर, कोच्चि, कोलकाता, लखनऊ, पटना, रांची, शिलांग, तिरुवनन्तपुरम के सभे बैंक बंद रही।
  • 5 अक्टूबर 2022: विजय दशमी के अवसर पs पूरा देश में छुट्टी रही।
  • 6 अक्टूबर 2022: दशाईं के अवसर पs गंगटोक में अवकाश रही।
  • 7 अक्टूबर 2022: दशाईं के अवसर पs गंगटोक में सब बैंक बंद रही।।
  • 8 अक्टूबर 2022: महीना के दूसरका सनीचर होखला कारण देशभर के बैंकन में विकली ऑफ रही।
  • 9 अक्टूबर 2022: अतवार के कारण देशभर के बैंकन में साप्ताहिक छुट्टी होई।
  • 13 अक्टूबर 2022: करवा चौथ के अवसर पs शिमला में बैंकन के छुट्टी रही।
  • 14 अक्टूबर 2022: ईद-ए-मिलाद-उल-नबी के कारण जम्मू के अलावे श्रीनगर में बैंक बंद रही।
  • 16 अक्टूबर 2022: अतवार के कारण देशभर के बैंकन के छुट्टी रही।
  • 18 अक्टूबर 2022: कटि बिहू के अवसर पs गुवाहाटी के सब बैंक बंद रही।
  • 22 अक्टूबर 2022: महीना के चउथा सनीचर होखला के कारण देशभर के बैंकन में छुट्टी रही।
  • 23 अक्टूबर 2022: अतवार के कारण देशभर के बैंक बंद रही।
  • 24 अक्टूबर 2022: दिवाली, काली पूजा के कारण देशभर के बैंक बंद रही।
  • 25 अक्टूबर 2022: लक्ष्मी पूजा, गोवर्धन पूजा के कारण गंगटोक , हैदराबाद, इंफाल के साथे-साथ जयपुर के सब बैंकन में छुट्टी रही।
  • 26 अक्टूबर 2022: भाई दूज/प्रवेश दिवस के कारण देश के अधिकांश हिस्सन जइसे अहमदाबाद, बेंगलुरु, बेंगलुरु, देहरादून, गैगटाक, जम्मू, कानपुर, लखनऊ, मुंबई, नागपुर, शिमला, श्रीनगर में बैंक बंद रही।
  • 27 अक्टूबर 2022: चित्रगुप्त जयंती / निंगोल चक्कूबा के कारण गंगटोक, इंफाल, कानपुर, लखनऊ में बैंक बंद रही।
  • 30 अक्टूबर 2022: अतवार के कारण बैंक बंद रही।
  • 31 अक्टूबर 2022: छठ के कारण अहमदाबाद, रांची, बिहार में बैंकन के छुट्टी रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.