[the_ad_group id="30365"]

सोनपुर के आठ पंचायतन के ऑडिट करे पहुंचल 35 सदस्यीय टीम, गेट बंद आ लैपटॉप समेत महत्वपूर्ण दस्तावेज गायब 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनपुर। सोनपुर प्रखंड के कुल 8 पंचायतन के ग्राम विकास विभाग के कामन के सोशल ऑडिट करे पहुंचल टीम के लैपटॉप आ आउर कइयन गो सामान के चोर गायब कs देले सs। चोरी गइल लैपटॉप में अति आवश्यक गोपनीय दस्तावेज होखला से विभागीय कर्मी आ पदाधिकारियन के नींद उड़ल बा। एकरा के लेके टीम के सदस्य पंकज कुमार आ सूर्यकांत सोनपुर थाना में एह संबंध में प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़ें। एह कर्मी के कहनाम है बा कि पिछला 6 मई के जारी विभागीय पत्रांक संख्या 135 के आदेश से ऊ सोनपुर प्रखंड अंतर्गत आवे वाला 8 पंचायतन के सामाजिक अंकेक्षण करे खातिर सोनपुर पहुंचल रहलें।

इहां पहुंचने के बाद सोनपुर के प्रखंड विकास पदाधिकारी टीम के 27 महिला समेत कुल 35 लोगन के रहे खातिर  जहांगीरपुर पंचायत के उच्च विद्यालय में महिला आ ओकरा बगल में स्थित पंचायत भवन में पुरुष के ठहरे के व्यवस्था कइले रहस। एही बीच रात में बिजली कटला के बाद जादे गर्मी महसूस होखला पs विद्यालय के भीतर के दरवाजा खुला छोड़ दिहल गइल रहें। हालांकि ओकर मेन गेट बंद रहे। एही बीच चोरन द्वारा लैपटॉप के अलावे दु गो मोबाइल फोन एगो स्मार्ट वॉच के अलावे आउर कइयन गो सामान चोर गायब कs दिहल गइल। कर्मी ने बतवले कि ओह मोबाइल आ लैपटॉप में विभागीय गोपनीय दस्तावेज के डाटा बा। सोनपुर पुलिस प्राथमिकी दर्ज कs ममिला के छानबीन कर रहल बिया।

डीएम छपरा जेल के लेले जायजा

छपरा। एगो कैदी के इलाज के क्रम में मौत के बाद जिला प्रशासन संज्ञान लेले बा। एह घटना के बाद डीएम जेल के जायजा लेले। जेल कार्यालय के निरीक्षण कइल आ संबंधित पदाधिकारियन के आवश्यक निरदेस दिहल गइल। संगही जेल के भोजन के मेनू के देखल गइल। कैदियन के रख-रखावो के निरीक्षण कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]