Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत से मंजूरी लेके नेपाल में टेक-ऑफ करsला हवाई जहाज

245
Google Ads 300*250 for posts

नेपाली विमान अतवार साँझ के भारतीय सीमा में प्रवेश कs गइल। नेपाल एयरपोर्ट से संपर्क कइलें के बाद पता चलल कि ई नेपाल के घरेलू विमान ह, जौन अपने इहां टेक ऑफ करे खातिर भारत से अनुमति मांगsला।

बुद्धा एयरलाइंस भैरहवा स्टेशन इंचार्ज दर्शन धीमरे बतवलें कि जब कभी उत्तर दिशा में मौसम खराब होला, त प्लेन के लैंडिंग खातिर दक्षिण से आवे के होला। विमान के सुरक्षित घुमाव खातिर करीब चार किलोमीटर के दायरा चाहीं

दक्षिण दिशा में महज तीन किलोमीटर दूरी पर ही भारत के सीमा पड़sला, एहलिए भारत के सूचित क के सीमा पs प्रवेश कइल जाला। प्लेन के पायलट गोरखपुर, वाराणसी एयरपोर्ट के एयर ट्रैफिक कंट्रोल से परमीशन ले के भारतीय एरिया में उड़ान करsला।

315690cookie-checkभारत से मंजूरी लेके नेपाल में टेक-ऑफ करsला हवाई जहाज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.