[the_ad_group id="30365"]

भारतीय समुद्री इलाका में घुसल पाकिस्तानी नेवी के युद्धपोत, इंडियन कोस्ट गार्ड के डोर्नियर विमान अइसे लिहलस खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन कोस्ट गार्ड पाकिस्तानी नौसेना के हिमाकत के करारा जवाब देहलस। पाकिस्तानी नौसेना के एगो युद्धपोत गुजरात तट के पास भारतीय समुद्री सीमा में घुस गइल। पाकिस्तानी नौसेना के युद्धपोत आलमगीर जइसही भारतीय जलक्षेत्र में घुसल, इंडियन कोस्ट गार्ड के समुद्री निगरानी विमान डोर्नियर एकर पता लगा लिहलस। रेडार पर पाकिस्तानी युद्धपोत के सिग्नल मिलने के संगही भारतीय तटरक्षक के दल सक्रिय भइल। पाकिस्तानी युद्धपोत के अपने सीमा में वापस लौटे क कहल गइल। इंडियन कोस्ट गार्ड के सक्रियता के देखत पाकिस्तानी युद्धपोत वापस अपने सीमा में लौटे के मजबूर भइल।

पाकिस्तान के ओर से भारतीय सीमा में लगातार घुसपैठ के कोशिश चलत रहल बा। एह क्रम में पिछले महीने पाकिस्तानी युद्धपोत भारतीय सीमा में घूसे के कोशिश करत पाया गया। इंडियन कोस्ट गार्ड पाकिस्तानी मंसूबन पर पानी फेर देहलस। सूत्रन के अनुसार, मॉनसून के प्रभाव के कारण समुद्र में उठत लहर के लाभ उठा के पाकिस्तानी युद्धपोत के हिमाकत के खबर सामने आइल बा। भारतीय जल सीमा में प्रवेश के तुरंत बाद ई पाकिस्तानी पोत डोर्नियर विमान के रेडार में आ गइल। एकरे बाद युद्धपोत के वापस जाए के कहल गइल। दरअसल, गुजरात के पास भारतीय समुद्र सीमा के पांच मील के इलाका में के केहू के घुसले के अनुमति नाइ बा। भारतीय नौसेना के ओर से भारतीय मछुआरन के भी एह इलाका में नाइ गइले के निर्देश बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]