Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारतीय समुद्री इलाका में घुसल पाकिस्तानी नेवी के युद्धपोत, इंडियन कोस्ट गार्ड के डोर्नियर विमान अइसे लिहलस खबर

404

इंडियन कोस्ट गार्ड पाकिस्तानी नौसेना के हिमाकत के करारा जवाब देहलस। पाकिस्तानी नौसेना के एगो युद्धपोत गुजरात तट के पास भारतीय समुद्री सीमा में घुस गइल। पाकिस्तानी नौसेना के युद्धपोत आलमगीर जइसही भारतीय जलक्षेत्र में घुसल, इंडियन कोस्ट गार्ड के समुद्री निगरानी विमान डोर्नियर एकर पता लगा लिहलस। रेडार पर पाकिस्तानी युद्धपोत के सिग्नल मिलने के संगही भारतीय तटरक्षक के दल सक्रिय भइल। पाकिस्तानी युद्धपोत के अपने सीमा में वापस लौटे क कहल गइल। इंडियन कोस्ट गार्ड के सक्रियता के देखत पाकिस्तानी युद्धपोत वापस अपने सीमा में लौटे के मजबूर भइल।

पाकिस्तान के ओर से भारतीय सीमा में लगातार घुसपैठ के कोशिश चलत रहल बा। एह क्रम में पिछले महीने पाकिस्तानी युद्धपोत भारतीय सीमा में घूसे के कोशिश करत पाया गया। इंडियन कोस्ट गार्ड पाकिस्तानी मंसूबन पर पानी फेर देहलस। सूत्रन के अनुसार, मॉनसून के प्रभाव के कारण समुद्र में उठत लहर के लाभ उठा के पाकिस्तानी युद्धपोत के हिमाकत के खबर सामने आइल बा। भारतीय जल सीमा में प्रवेश के तुरंत बाद ई पाकिस्तानी पोत डोर्नियर विमान के रेडार में आ गइल। एकरे बाद युद्धपोत के वापस जाए के कहल गइल। दरअसल, गुजरात के पास भारतीय समुद्र सीमा के पांच मील के इलाका में के केहू के घुसले के अनुमति नाइ बा। भारतीय नौसेना के ओर से भारतीय मछुआरन के भी एह इलाका में नाइ गइले के निर्देश बा।

306970cookie-checkभारतीय समुद्री इलाका में घुसल पाकिस्तानी नेवी के युद्धपोत, इंडियन कोस्ट गार्ड के डोर्नियर विमान अइसे लिहलस खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.