Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

328
  1. बिहार: नीतीश कुमार जे एनडीए के सीएम पद से इस्तीफा, महागठबंधन में जदयू भइल सामिल। अब महागठबंधन से सीएम पद के शपथ लिहें।
  2. बिहार: नाया सरकार जे गठन के तइयारी सुरु, RJD के तरफ से उपमुख्यमंत्री बनिहे तेजस्वी यादव, बीजेपी राज्य के जनता से धोखा के नीतीश पs लगवलस आरोप।
  3. उत्तर प्रदेश: गालीबाज गुंडा श्रीकांत यादव मेरठ से गिरफ्तार, डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य बोलले- जे अपराध करी जेल जाई।
  4. उत्तर प्रदेश: बिहार में भाजपा कर मिलल झटका पs सपा सुप्रीमो अखिलेश यादव कसले तंज, बोलले- जल्दिये बीजेपी के खिलाफ होई सभे।
  5. झारखंड: विश्व आदिवासी दिवस- आदिवासी समाज के सामूहिक भोज खातिर मिली 100 KG चावल आ 10 KG दाल: CM हेमंत के ऐलान।
  6. PFI पs एक्शन के मास्टर प्लान तइयार: केंद्र कर्नाटक के संगे मिलके बनवलस जॉइंट एक्शन टीम, 3 मोर्चन पs PFI के होई पड़ताल।
  7. महाराष्ट्र में 18 मंत्री लिहल लो शपथ: भाजपा आ शिंदे गुट से 9-9 मंत्री बनले, मंत्रिमंडल में लोढ़ा सबसे अमीर, CM सबसे कम पढ़ल-लिखल।
  8. PM मोदी के लगे 2.23 करोड़ रुपिया के संपत्ति: पिछला साल के मुकाबले 26.14 लाख रुपिया के इजाफा, 1 करोड़ के संपत्ति दान कइलें।
  9. छत्तीसगढ़ के बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइले अरुण साव, विश्नुदेव साय पद से हटावल गइले।
  10. ऑस्ट्रेलिया के हॉकी के बाद क्रिकेट में धोखेबाजी: कोविड पॉजिटिव होखला के बादो ताहलिया मैग्रा के के फाइनल में खेलवलस, टीम इंडिया के खतरा में डललस।
307370cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.