Asaram Bapu: सूरत के युवती से दुष्कर्म ममिला में आसाराम के कोर्ट से लागल झटका; अदालत मनलस दोषी, सजा के ऐलान आज

Share

सूरत के युवती से दुष्कर्म ममिला में स्थानीय अदालत आसाराम के दोषी मनले बा। सजा के घोषणा मंगर के होई। गांधीनगर के स्थानीय अदालत सूरत के युवती के संगे दुष्कर्म ममिला के सुनवाई करत रहे। अदालत सोमार के सात में से छह आरोपियन के सबूतन के अभाव में निर्दोष करार देलस। ओहिजा, आसाराम के एह ममिला में दोषी मनले रहे।

बता दीं कि अदालत मंगर के सजा के घोषणा करी। किशोरी से दुष्कर्म के ममिला में आसाराम जोधपुर के जेल में आजीवन कैद के सजा काट रहल बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-