[the_ad_group id="30365"]

Asaram Bapu: आसाराम के उम्रकैद के सजा, 2013 में दु गो बहिन लोग दर्ज करवले रहे लोग दुष्कर्म के केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के गांधीनगर के एगो अदालत आसाराम बापू के 2013 के एगो दुष्कर्म के ममिला में उम्रकैद के सजा सुनवले बा। एकरा पहिले कोर्ट सोमार के आसाराम बापू के दुष्कर्म के ममिला में दोषी पावल गइल रहे। आज कोर्ट एह ममिला में सजा के एलान कइलस। बता दीं कि आसाराम पs दु गो बहिन लोग साल 2013 में दुष्कर्म के केस दर्ज करवले रहे।

एह धारा के तहत सुनावल गइल आसाराम के सजा

बतावत चलीं कि कोर्ट आसाराम बापू के धारा 376, 377, 354, 342, 357 आ 506 (2) के तहत दोषी पावल गइल रहे। कोर्ट धारा 376 (दुष्कर्म), 377 (अप्राकृतिक यौन संबंध) में उम्रकैद के सजा सुनवले रहे। एकरा अलावे धारा 354 (आध्यात्मिक गुरु भा शिक्षक के द्वारा दुष्कर्म के अपराध) में एक साल के सजा, धारा 342 (गलत तरीका से कैद रखल) 6 महीना के सजा आ 357 (अवैध तरीका से कैद करे खातिर बल प्रयोग आ हमला कइल) एक साल आ 506 (2) धमकी में एगो साल के सजा सुनवले बा।

कोर्ट कइलस सजा के एलान

कोर्ट आसाराम के उम्रकैद के सजा सुनवले बा। संगही कोर्ट पीड़िता के 50 हजार के मुआवजा देवे के आदेस देले बा। एकरा पहिले विशेष लोक अभियोजक आरसी कोडेकर अदालत से आसाराम के आजीवन कारावास आ भारी जुर्माना लगावे के अनुरोध कइले रहस। ऊ कहले रहस हमनी के कोर्ट से अपील कइले बा कि पीड़िता के मुआवजा दिहल जाये के चाहीं।

पुलिस आठ लोगन के खिलाफ दर्ज कइले रहे मुकदमा

विशेष लोक अभियोजक आरसी कोडेकर के अनुसार, पीड़िता सूरत पुलिस में ममिला दर्ज करवले रहे, जवन 2013 में अहमदाबाद पुलिस के स्थानांतरित कs दिहल गइल रहे। चांदखेड़ा थाना पुलिस आसाराम बापू आ उनका बेटा नारायण साईं सहित 8 लोगन के खिलाफ आईपीसी के अलग-अलग धारा के तहत ममिला दर्ज कइल गइल रहे।

जोधपुर जेल में बंद बाड़ें आसाराम बापू

बता दीं कि आसाराम बापू वर्तमान में जोधपुर जेल में बाड़ें। ओहिजा, सूरत के अदालत में नारायण साईं के खिलाफ एगो अलग मुकदमा चल रहल बा। दुनो बहिन आसाराम आ उनकर बेटा के खिलाफ शिकायत दर्ज करावल गइल रहे, जेमे आरोप लगावल गइल रहे कि 1997 से 2006 के बीच आसाराम आ उनका बेटा द्वारा संचालित मोटेरा आश्रम में ओह लोग के संगे दुष्कर्म कइल गइल रहे। छोट बहिन नारायण साईं आ बड़ बहिन आसाराम के खिलाफ शिकायत दर्ज करवले रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]