[the_ad_group id="30365"]

Gorakhnath Mandir Attack Case के दोषी अहमद मुर्तजा के फांसी के ऐलान, पुलिसकर्मियन के बनवले रहे निशाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुरः उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में गोरखनाथ मंदिर के हमिला ममिला में दोषी करार दिहल गइल अहमद मुर्तजा के फांसी के सजा सुनावल गइल बा। समार के ममिला में एटीएस-एनआईए कोर्ट के बड़ा फैसला सामने आइल। बीतल दिनन में कोर्ट के ओर से मुर्तजा यूएपीए, देश के खिलाफ जंग छेड़े आ जानलेवा हमला के आरोप में दोषी करार दिहल गइल रहे। सोमार के मुर्तजा के सुनवाई खातिर कोर्ट में पेश कइल गइल रहे। एटीएस-एएनआई के कोर्ट मुर्तजा के फांसी के सजा सुनवले बा।

गोरखनाथ मंदिर में कइले रहे जानलेवा हमला

मुर्तजा गोरखनाथ मंदिर में घुसके सुरक्षाकर्मियन पs जानलेवा हमला कइले रहे।। 4 अप्रिल के गोरखनाथ चौकी के मुख्य कॉन्स्टेबल विनय कुमार मिश्रा मुर्तजा के खिलाफ रिपोर्ट लिखवले रहस। ऊ मंदिर के गेट नंबर एक के सुरक्षा प्रभारी रहस। मुर्तजा पीएसी के सिपाही अनिल कुमार पासवान पs हमला कs के उनका से हथियार छीने के कोसिस कइले रहे। आउर सुरक्षाकर्मी बचाव में आइल लोग तs मुर्तजा ओहू लोगन पs हमला कs देलस। एकरा बाद ऊ हथियार लहरावत धार्मिक नारे लगावे लगल रहे। पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs के जेल भेज देले रहे। जांच में ओकरा लगे से हथियार, लैपटॉप आ उर्दू में लिखल सामग्री बरामद कइल गइल रहे।

ममिला में डिप्टी एसपी संजय वर्मा चार्जशीट दाखिल कइलें रहलें। एटीएस एह ममिला में अहमद मुर्तजा के 25 अप्रिल 2022 के विशेष अदालत में पेश कइले रहे आ पुलिस कस्‍टडी लेके रिमांडो हासिल कइले रहे। सरकार के खरचा पs मुर्तजा के खातिर वकील कइल गइल रहे। 27 गवाहन के पेशी के बाद एटीएस-एनआईए कोर्ट एह नतीजा पs पहुंचल आ सोमार के दोषी मुर्तजा के फांसी के सजा के ऐलान कs देलस। एकरा पहिले सनीचर के एनआईए-एटीएस के कोर्ट अहमद मुर्तजा के दोषी करार देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]