[the_ad_group id="30365"]

यूपी में 7500 गैर मान्यता प्राप्त मदरसा, 15 नवंबर ले शासन के भेजल जाई रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश भर में भइल सर्वे में करीब 7500 गैर मान्यता प्राप्त मदरसन के चिह्नित कइल गइल बा। उप्र. मदरसा शिक्षा परिषद के चेयरमैन डॉ. इफ्तिखार अहमद जावेद बतवलें कि सब जिला में मदरसा के सर्वे के काम लगभग पूरा हो चुकल रहल। 15 नवंबर ले जिलाधिकारी के जरिए सर्वे के रिपोर्ट शासन स्तर तक भेजल जाई।
मदरसा के सर्वे के काम पूरा करे आखिरी तारीख 20 अक्तूबर शासन तय कइल गइल । उहवें सर्वे के रिपोर्ट जिलाधिकारियन के 15 नवंबर ले शासन के भेजल गइल बा। डॉ. जावेद कहलें कि मदरसा के सर्वे से प्राप्त आंकड़ा के आधार पर उहां पढ़ रहल छात्र खातिर गुणवत्ता पूर्ण शिक्षा के व्यवस्था करत उनकर बेहतर विकास कs के उनके देश अउर समाज के मुख्यधारा में लावे के कोशिश कइल जाई।

बताया गइल बा कि सर्वे के पूरा रिपोर्ट 15 नवंबर तक जिलाधिकारी के जरिए राज्य सरकार के भेजल जाई। सर्वे से प्राप्त आंकड़ा के आधार पर बचवन के गुणवत्तापूर्ण शिक्षा के व्यवस्था करत उनकर बेहतर विकास कsके उनके देश अउर समाज के मुख्यधारा में लावे के कोशिश कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]