[the_ad_group id="30365"]

पाबंदी के बाद पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया के ट्विटर अकाउंट भइल बंद, केंद्र कसलस नकेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकी गतिविधियन में लिप्त संगठन पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया पर केंद्र सरकार पांच साल के पाबंदी लगावे के बाद अब उनकर ट्विटर अकाउंट बंद कs दिहल गइल बा।

संगठन पर केंद्र सरकार नकेल कस देहले बा। उनके कई नेता अउरी कार्यकर्ता लोग के गैर कानूनी गतिविधि संचालित कइले के आरोप मे गिरफ्तार कइल गइल बा। अब उनकर ट्विटर अकाउंट भी बंद कs दिहल गइल बा। गृह मंत्रालय पीएफआई पs पाबंदी के साथ ही दू पृष्ठ के अधिसूचना जारी कइले बा। एहमें संगठन के गतिविधियन से ले के उनके खिलाफ कार्रवाई के पूरा विवरण बा।

पाबंदी अलोकतांत्रिक बा, कोर्ट जाइल जाई : कैंपस फ्रंट ऑफ इंडिया 

एही बीच, पीएफआई से जुड़ल अउरी प्रतिबंधित कइल गइल संगठन कैंपस फ्रंट ऑफ इंडिया पाबंदियन के अलोकतांत्रिक अउर असंवैधानिक बतवले बानें। संगठन के कहनाम बा कि पाबंदी के कोर्ट में चुनौती दीहल जाई। संगठन आजु ट्वीट कइलस, सीएफआई भारत में संगठन के सब गतिविधियन के तत्काल प्रभाव से रोक देई। एकरे संगही सब आरोप के अदालत में चुनौती दीहल जाई।
https://twitter.com/ANI/status/1575340102636617729?t=7iwnohjaSNKOiGP96jsyJw&s=19
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]