Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर मंडल में पांच साल के कुंडली खोलल गइल त 500 पशु तस्कर फिर गइलें जेल, 18 ठो के लागल पुलिस के गोली

237
गोरखपुर मंडल में पिछले पांच साल में सामने आइल 1585 पशु तस्करन के कुंडली पुलिस ने फिर से खंगरलस त 500 से अधिक आरोपी फेर सलाखन के पीछे पहुंच गइलें। कार्रवाई के दौरान 18 पशु तस्कर पुलिस के गोली से घायल हो के जेल गइलें त उहवें 185 पिकअप वाहनन के सीज क देहल गइल।

डीआईजी जे. रविंद्र गौड़ के आदेश पर चलावल जा रहल अभियान में पुलिस पिकअप अउरी तस्करन के टारगेट कर रहल बा। मकसद बा कि पिकअप सीज कs दिहल जाव, ताकि तस्करन के कमर टूट जाए।

जानकारी के मुताबिक, रेंज (गोरखपुर, देवरिया, महराजगंज अउरी कुशीनगर) में पिछले पांच साल में 791 मुकदमा दर्ज कइल गइल रहे। जेमें 1585 पशु तस्करन के नाम सामने आइल रहे। अभियान में पुलिस 1572 पशु तस्करन के जेल भेजले रहे।

अब एक बेर तस्करी बढ़ले के बाद डीआईजी सबकर कुंडली खंगाले के आदेश जारी कर दिहलस त धरपकड़ शुरू भइल। गोरखपुर में छह, कुशीनगर में 12 पशु तस्कर हाल के दिन में पुलिस के गोली से घायल हो चुकल बानें।

एही तरह देवरिया में 217 मुकदमा सामने आइल 524, गोरखपुर में 165 मुकदमा में 411, कुशीनगर में 240 मुकदमा में 303 अउरी महराजगंज में 169 मुकदमा में सामने आइल 347 पशु तस्करन के कुंडली खंगालल जा रहल बा। एहमें से कई जेल भी भेजल जा चुकल बा। नया-पुराना मिलाकर 500 से अधिक पशु तस्कर गोरखपुर रेंज के जिला में पकडल जा चुकल बानें।

346260cookie-checkगोरखपुर मंडल में पांच साल के कुंडली खोलल गइल त 500 पशु तस्कर फिर गइलें जेल, 18 ठो के लागल पुलिस के गोली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.