[the_ad_group id="30365"]

साइबर अपराध के मुकदमा के निपटारा में गोरखपुर फिसड्डी, डीआईजी कइलें जाँच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साइबर अपराध के दर्ज मामला के निपटारा में पूरे प्रदेश में गोरखपुर फिसड्डी साबित भइल बा। आजमगढ़ साइबर थाना पहिला नंबर पर बा। डीआईजी साइबर क्राइम एन कोलांचि निपटारा में कमी के समीक्षा के ले के मंगर के गोरखपुर साइबर थाना के निरीक्षण कइलें।

उ बतवलें कि गोरखपुर के टीम साइबर क्राइम के मामिला के निस्तारण में एक्सपर्ट नाइ बन पवले बा। 25 मार्च से प्रदेश के सब 18 साइबर थाना में साइबर क्राइम के कम से कम पचास प्रतिशत मामिला में निस्तारण के लक्ष्य रखत अभियान चलाया गइल रहे। 25 सितंबर के ई अभियान पूरा भइल।

समीक्षा में पावल गइल कि आजमगढ़ साइबर थाना दर्ज मामिला के निस्तारण में पहिले, जबकि गोरखपुर साइबर थाना सबसे निचले पायदान पर रहल। आजमगढ़ साइबर थाना 80 प्रतिशत केस के निपटारा कs लिहले बा। इहवें गोरखपुर साइबर थाना 40 प्रतिशत मामला के ही निपटारा कs पवले बा। डीआईजी ए दौरान साइबर थाना के निर्माण के जमीन के ले के भी डीआईजी गोरखपुर से बात कइलें। उ बतवलें कि जहां पर साइबर थाना बने के बा, उहवें साइबर लैब भी बनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]