[the_ad_group id="30365"]

रिजल्ट में भइल गड़बड़ी सुधारे खातिर गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलसचिव अउरी परीक्षा नियंत्रक के छात्र लोग देहल ज्ञापन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

2 सितंबर 2022 के गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्र नेता सत्यम गोस्वामी अउर प्रतीक त्रिपाठी गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलसचिव अउरी परीक्षा नियंत्रक के एम.कॉम प्रवेश परीक्षा परिणाम के उत्तर कुंजी जारी करे अउरी परीक्षा परिणाम में भइल गड़बड़ी के 2 दिन के भीतर ठीक करे खातिर ज्ञापन सउपलें।

छात्र नेता सत्यम गोस्वामी अउरी सम्राट त्रिपाठी कहलें कि कुलसचिव महोदय 2 दिन के मोहलत एम.कॉम प्रवेश परीक्षा परिणाम में भइल गड़बड़ी ठीक करवले ख़ातिर मंगले बाड़ें। अगर दू दिन में छात्रन के समस्या के समाधान हो गइल त ठीक नाइ त हमनी के सब छात्र-छात्रा लोग के भविष्य के साथ केहू के भी खिलवाड़ नाइ करे देहल जाई। जरूरत पड़ल त एह लोग के न्याय दियावे खातिर धरना प्रदर्शन करे खातिर बाध्य होखल जाई।

ज्ञापन सउपें वालन में – हर्षिता गुप्ता, खुशी यादव, मनीष सिंह, सम्राट शिवम त्रिपाठी, अजीत पांडे,मुकेश यादव, नेहा गुप्ता, आलोक नाथ यादव, प्रियंका, रोशन श्रीवास्तव, कृतिका, आकाश यादव आदि छात्र-छात्रा लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]