[the_ad_group id="30365"]

अडानी डाटा नेटवर्क के मिलल टेलिकॉम सर्विस खातिर फुल लाइसेंस, Jio, Airtel से होई मुकाबला!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अडानी डेटा नेटवर्क्स लिमिटेड के आखिरकार टेलिकॉम सर्विस एक्सेस करे खातिर एकीकृत लाइसेंस मिल गइल बा। एह लाइसेंस के मिले के बाद अडानी डेटा नेटवर्क्स देश में पूरा तरह से आपन टेलिकॉम सर्विसेज के उपलब्ध करा सकsता। दू आधिकारिक सूत्रन के हवाले से ई जानकारी मिलल बानें।

अडानी ग्रुप हाल ही में देश में आयोजित भइल 5जी स्पेक्ट्रम नीलामी में हिस्सा लिहले रहनें। अब टेलिकॉम ख़ातिर एकीकृत लाइसेंस मिले के बाद अडानी के टेलिकॉम कंपनी भी देश में आपन 5G सेवा के संगे एंट्री कs सकतने। देश में पहिले से मौजूद तीनों बड़ प्राइवेट टेलिकॉम कंपनियन Reliance Jio, Airtel, Vodafone Idea के सामने एगो नया कंपनी चुनौती बन सकsता।

समचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, आधिकारिक सूत्रन के कहनाम बा कि अडानी डेटा नेटवर्क्स कि UL (AS) लाइसेंस मिल गइल बा। उहवें एगो दूसर अधिकारी बतवलें सोमार के ई लाइसेंस जारी कइल गइल बा। बता देईं कि Adani Data Networks Ltd (ADNL) कंपनी अडानी एंटरप्राइजेज लिमिटेड के ही एगो यूनिट ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]