Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Aadhaar Update: राउर आधार जदि हो गइल बा पुरान, त फटाफट अपडेट करा लीं आपन डीटेल्स, UIDAI के आग्रह

आधार कार्ड के आउर सुरक्षित बनावे खातिर केंद्र सरकार देश के नागरिकन के आपन आधार कार्ड अपडेट करे के महत्वपूर्ण अवसर दे रहल बिया। आधार कार्ड जारी करे वाला भारतीय विशिष्‍ट पहचान प्राधिकरण (यूआईडीएआइई, UIDAI) लोगन से अइसन करावे के आग्रह कइले।

1,082

Aadhaar In News: जदि राउर आधार कार्ड के बनावल 10 साल से बेसी के समय हो गइल बा, त एकरा अपडेट कइल बहुत जरूरी बा। आधार कार्ड जारी करे वाला भारतीय विशिष्‍ट पहचान प्राधिकरण (यूआईडीएआइई, UIDAI) लोगन से अइसन करावे के आग्रह कइले बा।

बदलत समय के साथे आधार कार्ड भारत में एगो महत्वपूर्ण दस्तावेज बन चुकल बा। कवनो सरकारी स्कीम के लाभ लेवे के होई भा पैन कार्ड बनवावे के होई, बैंक खाता खोलवावे के होखे भा इनकम टैक्स रिटर्न दाखिल करे के होई, प्रॉपर्टी खरीदे के होई भा यात्रा करे के होई, हर काम खातिर आधार कार्ड के आवश्यकता पड़त बा। आधार कार्ड के बिना कवनो जरूरी काम कइल मुश्किल बा। आधार कार्ड योजना के भारत में पहिला बेर 28 जनवरी 2009 में शुरू कइल गइल रहे।

भारतीय विशिष्‍ट पहचान प्राधिकरण (यूआईडीएआइई) ओह लोगन से आपन दस्तावेजन आ जानकारियन के अद्यतन (अपडेट) करावे के आग्रह कइले बा जे आपन आधार दस साल से पहिले बनववले रहस आ ओकरा बाद कबो अपडेट करवले नइखे।

यूआईडीएआइई जारी एगो बयान में कहलस  कि सूचना अद्यतन करे के काम ऑनलाइन भा आधार केंद्रन प जाके दुनो तरीकन से कइल जा सकत बा। ओइसे एकरा के उ अनिवार्य नइखे बतवले, उ कहलस, अइसन व्यक्ति जे आपन आधार दस साल पहिले बनवले रहे आ ओकरा बाद एह सालन में कबो अपडेट नहइखे करवले, अइसन आधार नंबर धारकन से दस्तावेज अपडेट करवावे के आग्रह कइल जात बा।

रउआ आधार प केतना मोबाइल सिम बा एक्टिव? अइसे पता लगाई

निकाय कहलस कि यूआईडीएआइई एह संबंध में आधार धारकन के दस्तावेज अपडेट के सुविधा निर्धारित शुल्क के संगे प्रदान कइले बा आ आधार धारक व्यक्तिगत पहचान प्रमाण आ पता के प्रमाण से जुड़ल दस्तावेजन के आधार डाटा में अपडेट क सकत बा।

बयान में कहल गइल बा कि एह दस साल के दौरान, आधार संख्या कवनो व्यक्ति के पहचान के प्रमाण के रूप में उभरल बा आ आधार संख्या के उपयोग अलग-अलग सरकारी योजना आ सेवा के लाभ उठावे खातिर कइल जा रहल बा।

यूआईडीएआइई कहलस कि एह योजना आ सेवा के लाभ उठावे खातिर, लोगन के व्यक्तिगत नवीनतम विवरण से आधार डाटा के अपडेट ताकि आधार प्रमाणीकरण आ सत्यापन में कवनो असुविधा ना होखे। (साभार: प्रभात खबर)

353270cookie-checkAadhaar Update: राउर आधार जदि हो गइल बा पुरान, त फटाफट अपडेट करा लीं आपन डीटेल्स, UIDAI के आग्रह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.