[the_ad_group id="30365"]

ईडी विकास दुबे के करीबियन पर कसलस शिकंजा, 10 बैंक खाता कइलस सीज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) विकास दुबे के करीबियन पर शिकंजा कसले बा। एनके बैंक खाता के संबंध में जानकारी जुटावल गइल बा। कानपुर में दू दिन रह के पंजाब एंड सिंध बैंक में विकास के करीबी लोग के खाता के जांच कइलस अउरी 10 गो खाता सीज भी कइलस। कुछ के बयान दर्ज कइलें के संगही बैंक अफसर से भी पूछताछ कइलस।

हालांकि बैंक प्रबंधन एह संबंध में कुछउ कहले से इनकार कs रहल बा। उहवें देर साँझ अफसर लौट गइलें। सूत्रन के मुताबिक प्रवर्तन निदेशालय ईडी के दू अफसर बैंक पहुंचलें अउर जरूरी दस्तावेज लिहलें। एक दिन पहिले बैंक के अफसर से कई घंटे पूछताछ कइल गइल।

सूत्र बतवलस कि विकास दुबे से जुड़ल लोग के चार सौ से ज्यादा संपत्तियन के सूची ईडी तइयार कइले बा। एह संबंध में लगातार साक्ष्य जुटावल जा रहल बा। एहीके चलते बैंक खाता खंगारल जा रहल बा। बैंक में अनूप सिंह परिहार, उत्तम सिंह, दीपक मिश्रा, जय बाजपेई, आलोक शुक्ला, उपेंद्र परिहार, राहुल सिंह, दीपेंद्र परिहार आदि के खाता के जांच कइल गइल। अनूप अउर उपेंद्र से पूछताछ कइल गइल। दू साल पहिले ईडी के लखनऊ मुख्यालय केस दर्ज कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]