[the_ad_group id="30365"]

खुशखबरी : दोसरा बैंक के खाताधारक भी डाकघर के एटीएम से निकासी क सकतारे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब डाकघर के एटीएम से दस हजार तक के रुपिया दोसरो बैंकन के कार्ड से निकालल जा सकेला. ई सुविधा खाली डाकघर खाताधारकन खातिर बा. चउथा निकासी पर 20 रुपिया के जुर्माना लगावल जाई.

वरिष्ठ डाक अधीक्षक मनीष कुमार बतवले कि डाकघर के खाताधारक अपना डाकघर के एटीएम से कवनो बैंक के एटीएम से निकासी क सकेले। ई सेवा वर्तमान में ऊपरी डाकघर आ कुडाघाट शाखा डाकघर में बा। खाताधारक एहिजा लगावल डाक एटीएम से तीन बेर मुफ्त में पइसा निकाल सकेलें जबकि चउथा बेर ओह लोग के बीस रुपिया के जुर्माना देबे के पड़ी.

उ कहले कि ए सुविधा से ग्रामीण क्षेत्र के खाताधारक के बहुत राहत मिली। अगर उनकर खाता डाकघर आ बैंक दुनु में बा त फेर ओह लोग के कवनो दिक्कत ना होखी. बतावल गईल कि डाक विभाग के इंडिया पोस्ट पेमेंट बैंक में खाता आधार कार्ड के माध्यम से खोलल जाला। पासबुक उपभोक्ता के ऑनलाइन उपलब्ध बा। अगर कवनो उपभोक्ता मिनी स्टेटमेंट जनरेट करेला त कवनो शुल्क ना देबे के पड़ी.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]