[the_ad_group id="30365"]

महात्मा गांधी भारत के ना, पाकिस्तान के राष्ट्रपिता रहले’: अभिजीत भट्टाचार्य के विवादित बयान पs बवाल

अभिजीत भट्टाचार्य केविवादित बयान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के बेहतरीन गायकन में से एगो अभिजीत भट्टाचार्य अपना विवाद के चलते अक्सर सुर्खियन के हिस्सा बनल रहेलें.  शाहरुख खान के होखे भा सलमान खान के, बाकिर फिलहाल इs गायक अपना एगो इंटरव्यू खातीर लाइमलाइट में बाड़े।  दरअसल अभिजीत हाल ही में सुभंकर मिश्रा के पॉडकास्ट के हिस्सा बनल  रहले , जवना में उs अपना प्रोफेशनल लाइफ के बारे में बहुत कुछ बतवले।

उs पॉडकास्ट में सितारन के बारे में भी बात कईले अवुरी महात्मा गांधी के बारे में एगो विवादित बयान भी देले, जवन कि अब सुर्खी में आ गईल बा।  अभिजीत भट्टाचार्य कहले बाड़न कि महात्मा गांधी भारत के ना, पाकिस्तान के राष्ट्रपिता रहले.


महात्मा गांधी के संबंध में दिहले विवादित बयान

पॉडकास्ट में सिंगर कहले कि संगीतकार आरडी बर्मन महात्मा गांधी से बड़ बाड़े।  आरडी बर्मन म्यूजिक के राष्ट्रपिता रहले।  एतने ना अभिजीत महात्मा गांधी के पाकिस्तान राष्ट्रपिता बतवले।  अभिजीत कहले कि महात्मा गांधी भारत खातिर ना पाकिस्तान खातिर राष्ट्रपिता रहले।  भारत पहिले से ही भारत रहे, पाकिस्तान बनल रहे।  गलती से महात्मा गांधी के राष्ट्र पिता घोषित कs दिहल गइल.  जन्मदाता रहले, बाप रहले, दादा रहले, नाना रहले सब कुछ एके रहे।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]