[the_ad_group id="30365"]

Shyam Benegal Passes Away: दिग्गज निर्देशक श्याम बेनेगल के 90 के उमिर में निधन

श्याम बेनेगल के निधन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिल्म इंडस्ट्री के मशहूर निर्देशक श्याम बेनेगल के निधन हो गइल बा. उs 90 साल के उमिर में आपन आखिरी सांस लेले। एह मशहूर फिल्म निर्माता के उमिर बढ़ला के चलते बहुते दिन ले अस्वस्थ रहल. उनुकर बेटी पिया बेनेगल इंडिया टुडे के एह खबर के पुष्टि करत कहली कि ‘एक दिन अयीसन होखल तय रहे।’ भारत सरकार के ओर से बेनेगल के 1976 में पद्मश्री अवुरी 1991 में पद्मभूषण से सम्मानित कईल गईल। उनकर सफल फिलिमन में मंथन, जुबैदा आ सरदारी बेगम शामिल बाड़ी सँ.

श्याम के 90 साल के उमिर में निधन

श्याम बेनेगल के अलविदा कहत एह दुनिया के छोड़ल पूरा इंडस्ट्री खातिर बड़हन नुकसान बा. बतावल जाता कि 23 दिसंबर के सांझ 6.30 बजे अंतिम सांस लेले रहले।  हाल ही में उs आपन 90वां जन्मदिन मनवले। अभिनेत्री शबाना आजमी अपना इंस्टाग्राम पs एs पार्टी के तस्वीर शेयर कईले रहली। फोटो में श्याम बेनेगल, शबाना अवुरी नसीरुद्दीन शाह के संगे हंसत देखाई देतारे। निर्देशक के जनम 14 दिसंबर के भइल रहे. 

श्याम के जीवन परिचय

श्याम बेनेगल 1974 में फिल्म ‘अंकुर’ से निर्देशन शुरू कइले रहले. ई फिलिम सामाजिक मुद्दा पs आधारित रहे. एह फिलिम से उनुका के अंतर्राष्ट्रीय स्तर पs पहचान मिलल. एकरा अलावे भी महत्वपूर्ण फिल्म भी बनवले। ‘निशांत’, ‘मंथन’, ‘भूमिका’ आ ‘सरदारी बेगम’ जइसन यादगार फिलिम बनवले जवना के आजुओ याद कइल जाला. 
‘मंथन’ पहिला फिलिम रहे जवन दर्शकन के आर्थिक सहयोग से बनल रहे. ई फिलिम डेयरी आंदोलन पs आधारित रहे। उनुका फिलिमन के सबसे बड़ गुण ई रहे कि आम लोग के जिनगी आ ओह लोग के संघर्ष के सच्चाई के प्रामाणिकता से पेश कइले .

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]