[the_ad_group id="30365"]

भाजपा के पहिला लिस्ट में हार्दिक पटेल, रविंद्र जडेजा के पत्नी रिबावा के नाम, कुल 160 प्रत्याशियन के नाम के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा प्रत्याशियन के ऐलान कs दिहल गइल बा। एह लिस्ट में टीम इंडिया के क्रिकेटर रविंद्र जडेजा के पत्नी रिवाबा जडेजा के भी जगह दीहल गइल बा। ऊ जामगर उत्तर से चुनाव लड़िहें। गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेंद्र पटेल घाटलोढ़िया से विधानसभा चुनाव लड़िहें। गुजरात के गृह मंत्री हर्ष संघवी माजुरा सीट से चुनाव लड़िहें। पाटिदार नेता  हार्दिक पटेल विरमगाम विधानसभा सीट से चुनाव मैदान में उतारल गइल बा

भाजपा पहिला लिस्ट में कुल 160 प्रत्याशियन के नाम के ऐलान कइले बानें। पहिला लिस्ट में महुआ से शिवाभाई, जाम नगर ग्रामीण से राघव जी, गांधीधाम से मालती बेन, मांडवी से अनिरुद्ध भाई, अंजार से त्रिकम भाई, मोरबी से कांतिलाल, कालवाड़ से वेगजी भाई अउर जैतपुर से जयेश भाई के टिकट दिहल गइल बा। इनके अलावा राजकोट पश्चिम से दर्शिता परशाह, कालवाड़ से मेघजी भाई, पोरबंदर से बाबू भाई, जूनागढ़ से संजय भाई के प्रत्याशी बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]