[the_ad_group id="30365"]

मशरक: पंच सरपंच संघ के राज्य स्तरीय महासम्मेलन में शामिल होखे के लेके बैठक के भइल आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, मशरक सारण: मशरक प्रखंड के 15 पंचायतन के सभे पंच आ सरपंच लोगन के बैठक चंदेश्वर मोड़ प सरपंच संघ के संरक्षक विनोद प्रसाद के अध्यक्षता में आयोजित कइल गइल। जेमे 11 नवंबर के पंच सरपंच संघ के 11वां राज्य स्तरीय महासम्मेलन में जाये के तइयारी प चर्चा कइल गइल। मवका प प्रदेश महासचिव सुनील तिवारी, जिला कोषाध्यक्ष रविंदर सिंह, इसुआपुर प्रखंड अध्यक्ष हरे राम तिवारी के उपस्थिति में मशरक प्रखंड अध्यक्ष सह जिला कार्यकारी अध्यक्ष अजय सिंह के अध्यक्षता में पटना जाये के तइयारी प चरचा कइल गइल।

मवक प मशरक प्रखंड के अलग-अलग पंचायतन के सरपंच रामबाबू सिंह, हरे राम सिंह, सुबोध कुमार तिवारी, फुलेश्वर राय, मिथिलेश सिंह, राजेश कुमार, अरविंद कुमार राय, बलिराम सिंह, सोनू कुमार, रामेश्वर महतो, उदय बहादुर राय, अनिल सिंह, दीपक सिंह, श्रावण राम सहित आउर सभे एक स्वर में संकल्पित भाव से तन मन धन से सम्मेलन के सफलता खातिर डेग से डेग मिलाके चले के निर्णय लिहल गइल। एक जुट होके 11 नवंबर के पटना के बापू सभागार में जाये के निर्णय लिहल गइल। ओहिजा मवका प प्रदेश महासचिव सुनील तिवारी बतवलें कि सम्मेलन के मुख्य उद्देश्य राज्य के ग्रामीण क्षेत्रन में निवास करे वाला 80 प्रतिशत आबादी के राज्य सरकार के अवधारणा न्याय के संगे विकास के धरातल प उतारत सस्ता, सरल सही समय प आ पारदर्शी न्याय प्रदान कइल आ माननीय अनुमंडल व्यवहार आ उच्च न्यायालय के बोझ के कम कइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]