[the_ad_group id="30365"]

शिक्षक संघ के संगे बैठक करिहें नीतीश: 5 अगस्त के सीएम आवास में होई मीटिंग, महागठबंधन के नेता रही लो मवजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपना मांगन के लेके शिक्षक संघ लगातार अपना समस्यन के लेके सरकार के संगे बैठक के मांग करत रहे। अब मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मीटिंग के लेके हामी भर देलें बाड़ें। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षक संघ के प्रतिनिधियन के संगे 5 अगस्त के बैठक करिहें। ई बैठक सांझ चार बजे होई सीएम हाउस में ई बैठक बोलावल गइल बा। एह बैठक में शिक्षक संघ के अलग-अलग नेता लोगन के बोलावल जाई। इहे ना बैठक में महागठबंधन के तमाम नेता सामिल होई लो।

बिहार के नियोजित शिक्षकन के मांग के लेके ई बैठक बहुते अहम मानल जा रहल बा। नियोजित शिक्षकन के मुख्य मांग बा  कि सरकार पुरनका पेंशन योजना लागू करे। ठीक ओइसही जइसे पहिले के शिक्षकन आ कर्मियन के पेंशन दिहल जाला। एकरा अलावे नियोजित शिक्षकन के बिना शर्त राज्यकर्मी के दर्जा दिहल जाव।

कवनो तरे के कवनो परीक्षा ना लिहल जाव। एकरा संगही शिक्षकन के ई मांग बा कि बिहार में पुरान डोमिसाइल नीति लागू होखे। खाली बिहारी छात्रन के बीपीएससी के बहाली में जगह दिहल जा। एह लोगन के मांग में सबसे बड़ मांग शिक्षकन के समान काम के बदले समान वेतन सामिल बा।

बता दीं कि बिहार में 1 लाख 70 हजार से जादे शिक्षकन के बहाली होखे के बा। नियोजित शिक्षकन के राज्यकर्मी के दर्जा पावे खातिर परीक्षा में उत्तीर्ण होखे के होई। ई एग्जाम बीपीएससी के तरफ से लिहल जाई। मानल जा रहल बा कि ई परीक्षा अगस्त महीना में होई। शिक्षक नियुक्ति में डोमिसाइल नीत लागू कइल गइल बा जवना के तहत राज्य के बाहर के अभ्यर्थी एह पदन खातिर आवेदन कs सकत बा लो। सबसे जादे आवेदन प्राइमरी में आइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]