[the_ad_group id="30365"]

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी० जी० कॉलेज में भइल फेयरवेल के आयोजन, छात्रा लोगन के चेहरा पs खुसी तs आंखिन में लउकल दरद 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी० जी० कॉलेज दीवान बाजार गोरखपुर के बी०एड० चतुर्थ सेमेस्टर के छात्रा लोगन खातिर फेयरवेल पार्टी के आयोजन कइल गइल। बी०एड० चतुर्थ सेमेस्टर आ बी0एड0 द्वितीय सेमेस्टर दुनो के छात्राध्यापिका लोग एक दूसरा के सुभकामना दिहल आ खट्टी-मीठी इयादन के शेयर कइल लो। एह पुरा घमाल में छात्राध्यापिका लोगन के चेहरा पs एक ओर खुसी लउकल तs दुसरा ओर महाविद्यालय से विदाई के दरद के ऊ लोग छुपा ना सकल।

फेयरवेलपार्टी के दौरान छात्रा लोग नृत्य आ अलग-अलग  खेल प्रतियोगितन के द्वारा सब केहू के मनोरंजन कइल। कइयन गो छात्रा लोग मंच से आपन अनुभव के शेयर कइल। अलग-अलग प्रतियोगितन में प्रतिभाग करत शिल्पी जायसवाल मिस सी०आर०डी०एम० चुनल गइली, अंकिता पाण्डेय मिस फेयरवेल आ प्रगति पाण्डेय मिस ब्यूटीफुल चुनल गइल लो। साल भर अच्छा उपलब्धि खातिर छात्रा लोगन के पुरस्कृत कइल गइल। जेमे, प्रेरणा, प्रगति, सविता, अर्पिता, दीपांजलि, नुजहतन, शिवानी, अन्जलन, कृतिका, शिल्पी, अंकिता, रूखसार समृद्धि चौरसिया मुख्य रहल लो।

एह अवसर पs महाविद्यालय प्रबन्धक डॉ० विजयलक्ष्मी मिश्रा आउर प्राचार्या डॉ० सुमना सिंह छात्रा लोगन के सुभकामना दिहल लो। बी०एड० विभागाध्यक्ष डॉ० अपर्णा मिश्रा धन्यवाद ज्ञापन कइली। निर्णायक मण्डल में उपप्राचार्य डॉ० स्वप्निल पाण्डेय आ डॉ० आस्था प्रकाश रहल लो। सुश्री सुमनलता यादव पुरस्कार के घोषणा कइली। कार्यक्रम के संचालन छात्राध्यापिका प्रज्ञा पाण्डेय आ तृप्ती द्वारा कइल गइल। बी०एड० विभाग के सब प्रवक्ता डॉ० इतेन्द्रधर दुबे, डॉ० विकास, श्री अन्नत पाठक, श्रीमती श्वेता, डॉ० सारिका, श्री शैलेंद्र राव, श्रीमती ऋचा उपस्थित रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]