जय प्रकाश विश्वविद्यालय: परीक्षा के लेके रिजल्ट तइयार बाकिर नइखे हो पा रहल घोषणा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 2, 2023

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में सबकुछ ठीक-ठाक चलत नइखे लउक रहल। यूएमआईएस आ विवि प्रशासन के बीच जारी खींच-तान से अंतत: विवि प्रशासन के मुश्किल बढ़त दिख रहल बा। बतावत चलीं कि विवि प्रशासन के सोझा वर्तमान

Share

JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में सबकुछ ठीक-ठाक चलत नइखे लउक रहल। यूएमआईएस आ विवि प्रशासन के बीच जारी खींच-तान से अंतत: विवि प्रशासन के मुश्किल बढ़त दिख रहल बा। बतावत चलीं कि विवि प्रशासन के सोझा वर्तमान में सबसे बड़ दबाव लंबित परीक्षन के आयोजन कs के रिजल्ट जारी कs के लंबित सत्र के वापस पटरी पs ले आवे के बा। एकरा के लेके विवि द्वारा लगातार कोसिस कइल जा रहल बा।

एकरा तहत विवि प्रशासन द्वारा ताबड़-तोड़ कइयन परीक्षन के तs आयोजन कs लिहल गइल। सूत्रन के मानीं तs परीक्षा के कॉपियन के मूल्यांकनो हो गइल बा। बावजूद रिजल्ट के प्रकाशन नइखे हो पा रहल। एकरा पिछे यू एमआईएस कंपनी के भुगतान बाधित होखल बतावल जा रहल बा।

मालूम होखे कि स्नातक पार्ट थ्री सत्र 2019-22, स्नातक पार्ट थ्री स्पेशल परीक्षा 2022 के रिजल्ट बनके तइयार बा बाकिर कंपनी द्वारा ओकरा ले वेबसाईट पs जारी नइखे कइल जात। ओहिजा पीजी फोर्थ सेमेस्टर सत्र 2018 -20, पीजी फोर्थ सेमेस्टर 2019- 21, पीजी ओल्ड कोर्स के रिजल्टो तइयार हो चुकल बा बाकिर कंपनी द्वारा ओकरा के जारी नइखे कइल जा रहल। स्नातक पार्ट वन सत्र 2021- 24, स्नातक पार्ट टू 2020-23 के रिजल्ट बन के तइयार होखे के बात कहल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.