[the_ad_group id="30365"]

कानपुर : सर्विस सेंटर के बेसमेंट में लागल भीषण आग, तिसरा मंजिल पर कोचिंग सेंटर में भरल धुआं, 14 लइके फंसलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर में बर्रा आठ के सचान चौराहा स्थित मारुति सुजुकी के सर्विस सेंटर के बेसमेंट में शॉर्ट सर्किट से भीषण आग लग गइल। आग से बिल्डिंग के तीसरी मंजिल पर चल रहल ग्लोबल कोचिंग सेंटर में धुआं भर गइल। जेसे कोचिंग में पढ़ रहल 29 छात्रन में अफरा-तफरी मच गइल। 15 छात्र कौनो तहर से बाहर आ गइलें। जबकि 14 छात्र धुआं ज्यादा होखले के चलते अंदरे फंस गइलें।
कोचिंग सेंटर में आग के सूचना मिलतही पुलिस कमिश्नर, ज्वाइंट पुलिस कमिश्नर आदि मौका पर पहुंचलें। दमकल के 6 गाड़ी मौका पर पहुंचल। रेस्क्यू क के बिल्डिंग में फंसल 14 बचवन के सुरक्षित बाहर निकालल जाला। एह घटना से क्षेत्र में हड़कंप मच गइल। बिल्डिंग मालिक अउरी चिंग संचालक के खिलाफ पुलिस मुकदमा दर्ज कइले बा। साथही बिल्डिंग के सीज क दिहल गइल बा
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]