[the_ad_group id="30365"]

अलीगढ़ के मीट फैक्टरी के पैकेजिंग यूनिट में अमोनिया रिसाव से 50 मजदूर भइलें बेहोश, डीएम-एसपी मौका पर पहुंचलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महानगर से सटल तालसपुर स्थित अलदुआ मीट फैक्टरी के पैकेजिंग यूनिट में बियफ़े के सुबह अचानक अमोनिया गैस के रिसाव होखे लागल। एसे उहां काम कs रहल लगभग 50 मजदूर बेहोश हो गइलें। एकर खबर फइलतही फैक्टरी प्रबंधन में खलबली मच गइली।
गैस रिसाव से बेहोश भइल महिला लोग के जेएन मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल, जहवाँ उनकर इलाज हो रहल बा। डीएम अउरी एसएसपी फैक्टरी अउरी अस्पताल में जा के स्थिति के जायजा लिहले बानें।

फैक्टरी में 50 मजदूरन के बेहोश होखले के खबर फइलतही जिला प्रशासन सक्रिय हो गइल। जिला अधिकारी (डीएम) अउरी वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक (एसएसपी) मौका पर पहुंच गइल बानें। विशेषज्ञ अमोनिया रिसाव के बंद कs रहल बानें। मौका पर फैक्टरी में सब लोग मास्क लगावल शुरू कइल, जेसे केहू अउरी एकरे चपेट में न आ जाए।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]