[the_ad_group id="30365"]

संतकबीरनगर में बड़ हादसा: तेज रफ्तार कार पुल से गिरल नीचे, मां-बेटा समेत तीन लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संतकबीरनगर जिला में रविवार के रात पौने नौ बजे नंदौर-बांसी मार्ग पर अनियंत्रित कार झुडिया पुल से नीचे पानी में गिर गइल।  जेमें कार सवार मां-बेटे अउरी मासूम बच्चा के मौत हो गइल।
बेलहर एसओ अमित कुशवाहा बतवलें कि सिद्धार्थनगर जिला के बांसी कोतवाली क्षेत्र के तिलौरा गांव निवासी 30 वर्षीय जितेंद्र पांडेय पुत्र कौशल किशोर पांडेय अपनी 55 वर्षीय मां शीला देवी अउर चार वर्षीय बेटे रुद्र पांडेय के संगे कार से अतवार के खलीलाबाद क्षेत्र के बड़गों गांव में रिश्तेदारी में गइल रहलें।

रात पौने नौ बजे लोग घर लौटत रहे।। अभीन बखिरा- बेलहर क्षेत्र के सीमा के नंदौर-बांसी मार्ग पर झुड़िया पुल पर पहुंचले रहलें कि अनियंत्रित हो के कार पुल से नीचे पानी में गिर गइल। घटना के सूचना पर एसओ सहयोगी पुलिसकर्मियन के साथ मौका पर पहुंच गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]