Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Natasa Stankovic संग रील बनावे के लेके ट्रोल होखला पऽ एल्विश यादव तुड़ले चुप्पी

113

बिग बॉस ओटीटी सीजन 2 के विजेता आ लोकप्रिय यूट्यूबर एल्विश यादव ए घरी खबरन में बाड़े। चर्चा के कारण क्रिकेटर हार्दिक पांड्या के पूर्व पत्नी नताशा स्टेनकोविक बाड़ी। नताशा आ एल्विश के एगो वीडियो सामने आइल रहे, जवन कि सोशल मीडिया पऽ आग नियन फइल गइल रहे। वीडियो में दुनो लोग नताशा के ताज़ा गाना ‘तेरे करके’ पऽ नाचत देखाई देतारे। ई रील कुछे देर में वायरल हो गइल आ हार्दिक के प्रशंसक एल्विश आ नताशा के ट्रोल करे लगले। अब ट्रोलिंग के बीच एल्विश आपन चुप्पी तूड़ देले बाड़े।

एल्विश यादव नताशा के साथे रील खातिर ट्रोल होखे पऽ चुप्पी तुड़ देले

असल में एगो यूजर एक्स पऽ एल्विश यादव के पक्ष में ट्वीट कइले। ट्वीट में लिखल बा कि म्यूजिक वीडियो के प्रोमो शूट में नताशा स्टेनकोविक आ यूट्यूबर एल्विश यादव एक संगे देखल गइले। जवना के बाद हार्दिक पांड्या के प्रशंसक दुनो लोग के गारी-गलौज करे लगले। इ एगो परफेक्ट उदाहरण बा कि सोशल मीडिया पऽ ट्रोलिंग में लॉजिक, नैतिक शालीनता आ साक्षरता के अभाव बा। जदि इ सही में निरक्षरता ना हऽ तऽ का हऽ? एह ट्वीट के एल्विश रीट्वीट कइले आ एपर लिखले, आ फ्री में अतना पीआर करवा देवेला लो।

का कवनो वीडियो में नताशा आ एल्विश देखल जइहें?

फिलहाल इ साफ नइखे कि नताशा स्टेनकोविक अउरी एल्विश यादव कवनो प्रोजेक्ट चाहे वीडियो में एक संगे काम करतारे कि ना। दुनो लोग अपना इंस्टाग्राम पऽ जवन वीडियो पोस्ट कइले रहले, ओकरा में दुनो लोग के समुंदर के किनारे देखल गइल। दुनु जाना एक दूसरा के बगल में चलत रहले आ बतियावत रहले। नताशा रील के माध्यम से अपना नयका गाना ‘तेरे करके’ के प्रचार कइले रहली। ध्यान देवे वाला बात बा कि हार्दिक पांड्या से अलग होखला के बाद नताशा के इ पहिला प्रोजेक्ट रहे। अभिनेत्री अपना इंस्टाग्राम पऽ एह गाना के लेके अपना प्रशंसक के अपडेट देले रहली।

985130cookie-checkNatasa Stankovic संग रील बनावे के लेके ट्रोल होखला पऽ एल्विश यादव तुड़ले चुप्पी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.