[the_ad_group id="30365"]

Shreyas Talpade: श्रेयस तलपड़े के एह दिन अस्पताल से मिली छुट्टी, हार्ट अटैक के बाद आईसीयू में बाड़े भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अभिनेता श्रेयस तलपड़े के दिल के दौरा पड़ल बा। बियफ़ें के उ मुंबई में एगो फिल्म के शूटिंग करत रहले। शूटिंग के बाद उनुकर हालत ठीक ना रहे अवुरी घर पहुंचते ही उ गिर गईले। उनुकर पत्नी दीप्ती तुरंत उनुका के नजदीक के अस्पताल लेके पहुंचली, जहां एंजियोप्लास्टी के बाद उनुकर हालत स्थिर बा।

एंजियोप्लास्टी के बाद हालत स्थिर

देर रात अस्पताल में मौजूद कर्मचारी एकर पुष्टि कईले अवुरी कहले कि फिलहाल उs आईसीयू में बाड़े अवुरी उनुकर हालत स्थिर बा। जानकारी के मुताबिक, ‘श्रेयस तलपड़े पूरा दिन शूटिंग कईले, उs बिल्कुल ठीक रहले अवुरी सेट पs सभके संगे मजाक करत रहले।’ उ अयीसन सीन भी शूट कईले जवना में तनी एक्शन रहे। शूटिंग खतम कईला के बाद उ वापस घरे गईले अवुरी अपना पत्नी से कहले कि उनुका असहजता महसूस होखता।

एह दिन अस्पताल से दिहल जाई छुट्टी

श्रेयस तलपड़े के दिल के दौरा पड़ला पs प्रशंसक चौंक गइले। प्रशंसक सोशल मीडिया के माध्यम से चिंता जतावत रहले, लेकिन अब डॉक्टर उनुका हालत स्थिर होखे के जानकारी देले बाड़े। डॉक्टर के देखरेख में उनुकर इलाज चलता। डाक्टर लोग के कहनाम बा कि अब अभिनेता के हालत में सुधार होखता। श्रेयस के आज चाहे काल्ह छुट्टी मिल सकता। साथही प्रशंसक लोग श्रेयस के जल्दी ठीक होखे के दुआ कर रहल बा।अयीसना में उनुका छुट्टी के खबर सोझा अईला के बाद प्रशंसक राहत के सांस लेले बाड़े।जानकारी के मुताबिक अभिनेता के पत्नी उनुका के अस्पताल ले जात रहली, एही बीच रास्ता में गिर गईले। एकरा बाद अस्पताल पहुंचला पs अभिनेता के दिल के दौरा पड़े के पुष्टि भईल। तलपड़े के एंजियोप्लास्टी करावल गइल, आ फिलहाल ऊ खतरा से बाहर बाड़न।

श्रेयस तलपड़े के फिल्मी कैरियर

श्रेयस तलपडे के हिंदी आ मराठी सिनेमा में काम करे खातिर समीक्षक आ व्यावसायिक दुनु तरह से बहुते सराहल गइल बा। तलपड़े दू दशक के कैरियर में 45 से अधिका फिलिम कइले बाड़न। 47 साल के एह अभिनेता के आवे वाला दिन में वेलकम 3 यानी वेलकम टू द जंगल में देखल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]