[the_ad_group id="30365"]

Bihar news: ग्रेजुएट छात्रा सन के मिली 50-50 हजार रूपिया

Bihar education
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार सरकार बालिका छात्रा के ग्रेजुएशन करे खातिर 50-50 हजार रुपया दिही। शिक्षा विभाग एह संबंध में निर्देश जारी कइले बा। स्नातक परीक्षा पास करेवाला बालिका छात्रा के जल्दिए पचास-५० हजार रुपया के प्रोत्साहन राशि दिहल जाई। एह संबंध में शिक्षा विभाग के ओर से विश्वविद्यालयन के दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा।

बिहार में ग्रेजुएशन परीक्षा पास करेवाली बालिका छात्रा के खाता में जल्दिए 50-50 हजार रुपया के प्रोत्साहन राशि उपलब्ध हो जाई, जवना के ऑनलाइन आवेदन के सत्यापन हो चुकल बा। एह संबंध में शिक्षा विभाग के ओर से विश्वविद्यालय के दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा।

स्नातक परीक्षा में राज्य विश्वविद्यालय के 71,354 बालिका छात्रा सफलता हासिल कइले बाड़ी। एह में से 54,864 बालिका छात्रा के आवेदन के सत्यापन के काम पूरा हो चुकल बा। बाकी 16,490 स्नातक छात्रन के आवेदन के सत्यापन प्रक्रिया चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]