Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Vivo V50 के लॉन्च नजदीक: 50MP सेल्फी कैमरा आ 80W फास्ट चार्जिंग के संगे होई एंट्री

1,001

Vivo एही साल 7 अगस्त के अपना मिडरेंज प्रीमियम वीवो वी40 सीरीज में Vivo v40 आ V40 Pro स्मार्टफोन लॉन्च कइले रहे। अब एकरा मात्र दु महीना के भीतर कंपनी लाइनअप में एगो आउर नया सीरीज जोड़े के प्लानिंग कs लेले बिया। वीवो कथित रूप से वीवो वी40 के सक्सेसर के पs काम कs रहल बा। फिलहाल, सीरीज टेस्टिंग फेज में बा। एमे Vivo V50 आ Vivo V50e लॉन्च हो सकत बा। लॉन्च से पहिले एकरा कुछ स्पेसिफिकेशन के डिटेल सामने आ गइल बा, इहां एही के बारे में बतावे वाला बानी सs।

कब लॉन्च होई सीरीज?

अपकमिंग सीरीज के लेके फिलहाल जादे जानकारी नइखे, बाकिर कुछ दिन पहिलही एकर IMEI डेटाबेस पs देखल गइल। जहां से पता चलल कि कंपनी कथित रूप से सीरीज के दुगो नया मॉडल्स पs काम कs रहल बिया। वीवो वी40 पिछला वीवो वी30 से बहुते मिलत-जुलत रहे। अब वीवो वी50 के टेस्टिंग में देखल गइल बा।

कहल गइल बा कि वीवो वी50 में संभवतः वीवो वी40 के जइसने फीचर्स होई। हालांकि, कुछ ममिलन में ई पूरा तरे अलग होई। एह सीरीज के लॉन्च के लेके वीवो तs कुछ नइखे कहले, बाकिर रिपोर्ट्स के मानीं तs सीरीज के अगिला साल फरवरी भा मार्च महीना में ग्लोबल मार्केट में ले आवल जा सकत बा।

Vivo v40 सीरीज में का बा खास

डिस्प्ले- Vivo V40 सीरीज के दुनो फोन 120Hz रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करे वाली 6.78 इंच के 1.5K एमोलेड डिस्प्ले के संगे आवेला। एकर आस्पेक्ट रेश्यो 20:9 आ रेजॉल्यूशन 2800 × 1260 पिक्सल बा। डिस्प्ले के ब्राइटेस 4,500 निट्स बा।

प्रोसेसर- Vivo V40 में Qualcomm के Snapdragon 7 Gen 3 चिपसेट बा। जवना के एड्रेनो 720 जीपीयू के संगे जोड़ल गइल बा। दूसरका तरफ प्रो मॉडल में MediaTek Dimensity 9200+ SoC प्रोसेसर दिहल गइल बा, जवन हैवी टास्किंग खातिर बनल बा।

कैमरा- वीवो वी40 में रियर पैनल पs 50MP मेन कैमरा आ 50MP वाइड एंगल लेंस दिहल गइल बा। फ्रंट में सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर 50MP के सेंसर बा। बात प्रो मॉडल के करीं तs एमे 50MP मेन+50MP वाइड एंगल+50MP टेलीफोटो आ 50MP फ्रंट कैमरा बा।

बैटरी आ ओएस- दुनो फोन 80W फ्लैश चार्जिंग के सपोर्ट करे वाली 5,500 mAh बैटरी से पावर लेला। एमे एंड्रॉइड 14 पs आधारित Funtouch OS बा।

984080cookie-checkVivo V50 के लॉन्च नजदीक: 50MP सेल्फी कैमरा आ 80W फास्ट चार्जिंग के संगे होई एंट्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.