[the_ad_group id="30365"]

इक्वाडोर के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार के हत्या: माथा में 3 गोली मारल गइल, हमला तब कइल गइल जब फर्नांडो रैली कइला के बाद कार में बइठत रहस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इक्वाडोर के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार फर्नांडो विलाविसेंशियो के माथा में 3 गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। हमला तब कइल गइल जब फर्नांडो रैली कइला के बाद कार में बइठल रहस। फर्नांडो के हत्या के पुष्टि करत इक्वाडोर के राष्ट्रपति गुइलेर्मो लासो कहलें कि आरोपियन के बख्शल ना जाई। ऊ सिक्योरिटी ऑफिशियल्स के बैठक बोलवलें बाड़ें।

59 साल के पत्रकार विलाविसेंशियो, 20 अगस्त के होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव के आठ उम्मीदवारन में से एगो रहलें। सोशल मीडिया पs वायरल वीडियोज में फर्नांडो सुरक्षा कर्मियन से घिरल दिखाई दे रहल बाड़ें। हालांकि, ऊ जइसही कार में बइठत बाड़ें तs गोली चलल सुरू हो जात बा। एह गन अटैक में कइयन लोग घायलो भइल बा। फर्नांडो के कैंपेन मैनेजर बतवलें कि उनका बहुत पहिले से जान से मारे के धमकी मिलत रहे। वॉशिंगटन पोस्ट के मोताबिक हमलावर लोगन के तरफ ग्रेनेडो फेंकले रहे, हालांकि ग्रेनेड फटल ना।

18 महीना जेल में रह चुकल रहस फर्नांडो

फर्नांडो के कैंपेन मैनेजर जुकियालांडा अंतरराष्ट्रीय संस्थन से अपील कइले बाड़ें कि ऊ इक्वाडोर में लगातार बढ़त हिंसा आ नशा के तस्करी पs रोक लगावे खातिर जरूरी कदम उठावस। जुकियालांडा कहलें- इक्वाडोर के लोग रो रहल बा।

राजनीति के वजह से केहू के जान ना जाये के चाहीं। फर्नांडो इक्वडोर के पूर्व राष्ट्रपति के राफेल कोर्रिया के कड़ा आलोचक रह चुकल बाड़ें। एकरा खातिर उनका 18 महीना जेल में रहे के पड़ल रहे। बाद में ऊ इक्वाडोर से पड़ोसी देस पेरू चल गइल रहस।

ड्रग्स आ हिंसा से जूझ रहल बा इक्वाडोर

हाले में इक्वाडोर में ड्रग्स के कारोबार आ संगठित अपराध तेजी से बढ़ रहल बा। एकरा से निपटे खातिर राष्ट्रपति लासो के देस के 3 प्रांतन में आपातकाल आ नाइट कर्फ्यू लगावे के पड़ल रहे। फर्नांडो से पहिले जुलाई में इक्वाडोर के बड़ शहर मांता के मेयर के हत्या कs दिहल गइल रहे। ओहिजा फरवरी में पुर्तो लोपेज शहर के मेयर कैंडिडेट के मार दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]