Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अक्षरा सिंह से पहिले एह अभिनेत्रियन के राजनीति में जबरदस्त इंट्री, मुख्यमंत्री से लेके मंत्री तक बनल लो

2,527

भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह के राजनीति में इंट्री होखला से बिहार में सरगर्मी बढ़ गइल बा। 27 नवंबर के अक्षरा सिंह प्रशांत किशोर के अध्यक्षता वाली जन सुराज पार्टी के दामन थाम लेले बाड़ी।। अइसन में अब चरचा तेज हो गइल बा कि का ऊ चुनाव लड़िहें? अगर, लड़िहें तs कवन सीट से?

अक्षरा सिंह खुद के बिहार के बेटी बतावेली। ओहिजा, उनकर प्रशंसक बिहार के शेरनी के नाम से पुकारेला लो। अइसन में उनका राजनीति में अइला से चरचा के बाजार गरम हो गइल बा। राजनीतिक विशेषज्ञन के माने के बा कि अक्षरा सिंह बिहार के राजनीति में गहिराह प्रभाव छोड़ सकत बाड़ी। अब आगे देखे के बा कि बिहार के राजनीति कवना कदर करवट लेत बा। भारतीय राजनीति में अभी तक एक दर्जन से जादे अभिनेत्रियन के सफलता हासिल हो चुकल बा। ई लोग मुख्यमंत्री से लेके केंद्रीय मंत्री आ सांसद, विधायक तक रहल बा लो। अइसन में आईं जानल जाव एह लोगन के बारे में विस्तार से।

जयललिता : तमिलनाडु के पूर्व मुख्यमंत्री जयललिता राजनीति में आये से पहिले कन्नड़ फिल्मन में में काम करत रहली। ऊ 300 से जादे फिल्मन में काम कs चुकल बाड़ी। उनकर जोड़ी स्टार एमजी रामचंद्रन (एमजीआर) के संगे बहुत हिट रहल। एकरा बाद जयललिता साल 1982 में सक्रिय राजनीति में प्रवेश कs गइली। एकरा बाद ऊ राज्यसभा सांसद आ ओकरा बाद तमिलनाडु के मुख्यमंत्री बनली। जयललिता के जन्म 24 फरवरी 1948 में कर्नाटक के मेलुरकोट गांव में भइल रहे। जयललिता के तमिलनाडु के जनता अम्मा के नाम से जानत रहे।

जया बच्चन : बॉलीवुड अभिनेता अमिताभ बच्चन के पत्नी सह अभिनेत्री जया बच्चन के राजनीति से गहिराह संबंध रहल बा। ऊ फिलहाल राज्यसभा सांसद बाड़ी। 15 साल के उमिर में जया बच्चन बॉलीवुड में डेग रखले रहली। एकरा बाद ऊ एक से बढ़के एक फिल्मन में काम कइली। साल 2004 में जया बच्चन राजनीति में इंट्री कइली। उनका के समाजवादी पार्टी राज्यसभा सांसद बनवलस। जया बच्चन के जन्म 9 अप्रिल 1948 के जबलपुर के बंगाली परिवार में भइल रहे। ऊ पुणे एफटीआईआई से एक्टिंग के शिक्षा हासिल कइले बाड़ी।

हेमा मालिनी : बॉलीवुड में ड्रीम गर्ल के नाम से मशहूर हेमा मालिनी के राजनीति से गहिराह संबंध बा। वर्तमान में ऊ मथुरा लोकसभा सीट से सांसद बाड़ी। एकरा पहिले साल 2003 से लेके 2009 तक ऊ राज्यसभा सांसद रहली। हेमा मालिनी के राजनीति में इंट्री साल 1998 में भइल। ओह साल गुरदासपुर लोकसभा सीट से मशहूर एक्टर विनोद खन्ना चुनावी मैदान में उतरल रहस। ओहि दौरान ऊ आपन जीत पक्का करे खातिर प्रचार में हेमा मालिनी के बोलवले रहस। एकरा बाद साल 2004 में हेमा मालिनी आधिकारिक रूप से भारतीय जनता पार्टी में सामिल हो गइली। हेमा मालिनी के जन्म 16 अक्टूबर 1948 के तमिलनाडु के अयंगर ब्राह्माण परिवार में भइल रहे।

स्मृति ईरानी : केंद्र सरकार में महिला आ बाल विकास मंत्री स्मृति जुबिन ईरानी अपना करियर के सुरुआत एगो मॉडल के रूप में कइले रहली। मॉडलिंग के बाद उनका टेलीविजन में काम करे के मवका मिलल। ऊ धारावाहिक ‘क्योंकि सास भी कभी बहू थी’ में काम कs के बहुत मशहूर भइल रहली। एकरा बाद साल 2003 में ऊ भारतीय जनता पार्टी से जुड़ली। साल 2011 में ऊ गुजरात से राज्यसभा सांसद चुनल गइली। ओहिजा, साल 2019 में ऊ राहुल गांधी के लोकसभा चुनाव में शिकस्त देली।

किरण खेर : कलाकार किरण खेर साल 1973 में पंजाबी मूवी ‘असर प्यार दा’ से आपन डेब्यू कइलस। एकरा बाद ऊ देवदास, वीर-जारा सहित कइयन फिल्मन में काम कइलें। एकरा बाद साल 2009 में ऊ भारतीय जनता पार्टी से जुड़ली आ साल 2014 में ऊ चंडीगढ़ से लोकसभा चुनाव लड़ली आ विजयी रहली। साल 2019 में उनका दोबारा विजय हासिल भइली। किरण खेर के जन्म 14 जून 1952 में चंडीगढ़ के सिख परिवार में भइल। किरण खेर अभिनेत्री के संगे-संगे बैडमिंटन के एगो अच्छा खिलाड़ी रह चुकल बाड़ी। ऊ दीपिका पादुकोण के पिता प्रकाश पादुकोण के संगे नेशनल लेवल पs बैडमिंटन खेल चुकल बाड़ी।

जयाप्रदा : अभिनेत्री जयाप्रदा के राजनीति से गहिराह जुड़ाव रहल बा। जयाप्रदा के जन्म 3 अप्रिल 1962 के आंध्र प्रदेश में भइल। उनकर असली नाम ललिता रानी रहे। जयाप्रदा अपना करियर के सुरुआत तेलगू फिल्म ‘भूमि कोसम’ से कइले रहली। एकरा बाद ऊ एक से बढ़के एक फिल्मन में काम कइली। उनकर कइयन गो फिल्म  सुपर हीट रहल। एकरा बाद जयाप्रदा के राजनीति में इंट्री भइल। साल 1994 में ऊ राजनीति से जुड़ली। सबसे पहिले ऊ तेलुगू देशम पार्टी से जुड़ली। एकरा बाद ऊ समाजवादी पार्टी से राज्यसभा सांसद बनली।

नुसरत जहां : नुसरत जहां वर्तमान में तृणमूल कांग्रेस के सांसद हई। उनकर जन्म 8 जनवरी 1990 के भइल। ऊ आपन करियर के सुरुआत मॉडलिंग से कइले रहली एकरा बाद कइयन फिल्मन में काम करे के मवका मिलल। एकरा बाद ऊ तृणमूल कांग्रेस पार्टी से जुड़ली आ लोकसभा चुनाव लड़ली। जेमे उनका सफलता हासिल भइल। एकरा बाद पार्टी में उनकर कद लगातार बढ़ रहल बा। एकरा अलावे मुनमुन सेन राजनीति में काफी सक्रिय बाड़ी। ऊ तृणमूल कांग्रेस से जुड़ल बाड़ी। एसे पहिले ऊ कइयन फिल्मन में काम कs चुकल बाड़ी।

686930cookie-checkअक्षरा सिंह से पहिले एह अभिनेत्रियन के राजनीति में जबरदस्त इंट्री, मुख्यमंत्री से लेके मंत्री तक बनल लो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.