Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बांग्लादेश के रउदे खातिर सूर्या के सेना तइयार, जानीं मौसम आ पिच रिपोर्ट

57

IND vs BAN: सूर्यकुमार यादव (Suryakumar Yadav) के अगुवाई में भारतीय टीम बांग्लादेश के खिलाफ तीन मैचन के टी20 सीरीज खातिर पूरा तरे तइयार बा। नवहन से भरल एह टीम के ग्वालियर के न्यू माधवराव सिंधिया क्रिकेट स्टेडियम में बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टी20 मुकाबला अतवार के भारतीय समयानुसार सांझ सात बजे से खेले के बा। सनीचर के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड एगो बड़ अपडेट देत बतवलस कि चोट के कारण ऑलराउंडर शिवम दुबे सीरीज से बाहर हो गइल बाड़ें आ उनका जगह तिलक वर्मा के टीम में सामिल कइल गइल बा।

ई खिलाड़ी कs सकत बा लो डेब्यू

अतवार के तेज गेंदबाजी सनसनी मयंक यादव आ नितीश कुमार रेड्डी के अपना पहिला अंतरराष्ट्रीय मैच खेले के संभावना बा। कप्तान सूर्यकुमार यादव संकेत देले बाड़ें कि अभिषेक शर्मा संजू सैमसन के संगे ओपनिंग कs सकत बाड़ें, बाकिर ऊ मयंक यादव के बारे में कवनो संकेत ना दिहले कि ऊ डेब्यू करिहें की ना। बांग्लादेश के ओर से नजमुल हुसैन शांतो टीम के अगुआई करिहें। महमुदुल्लाह, लिटन दास आ मुस्तफिजुर रहमान जइसन अनुभवी खिलाड़ी टीम के हिस्सा बा लो।

पिच रिपोर्ट

भारत आ बांग्लादेश के बीच पहिला टी20 मुकाबला ग्वालियर के न्यू माधवराव सिंधिया क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई। इहां के पिच शॉर्ट पिच बल्लेबाजन के अनुकूल बा आ सीमरन के अच्छा सपोर्ट करत बा। पिच पs लगातार उछाल के उम्मीद कइल जा सकत बा। बल्लेबाजी खातिर परिस्थितिय आदर्श बा आ अच्छा स्कोर बनावल जा सकत बा। इहां सीमर लोग 65% विकेट लेले बा, एहिसे ई निश्चित रूप से एगो रोमांचक मुकाबला हो सकत बा।

मौसम के रिपोर्ट

भारत आ बांग्लादेश के बीच ग्वालियर के न्यू माधवराव सिंधिया क्रिकेट स्टेडियम में अतवार के होखे वाला पहिला टी20 मैच के दौरान बरखा के संभावना नइखे। आसमान साफ बा आ रात के तापमान 28 डिग्री सेल्सियस के आसपास रहे के उम्मीद बा। दर्शकन के एगो रोमांचक मुकाबला देखे के मिल सकत बा। भारत सीरीज के सुरुआत जीत के संगे करे खातिर बेकरार होई। नवहन के अपना प्रतिभा दिखाने के भरपूर अवसर मिली।

दुनो टीम एह तरे बा

भारतीय टीम : सूर्यकुमार यादव (कप्तान), अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), रिंकू सिंह, हार्दिक पंड्या, रवि बिश्नोई, वरुण चक्रवर्ती, जितेश शर्मा, अर्शदीप सिंह, मयंक यादव, वाशिंगटन सुंदर, रियान पराग, नितीश रेड्डी, तिलक वर्मा, हर्षित राणा।

बांग्लादेश की टीम : लिटन दास (विकेटकीपर), तंजीद हसन, नजमुल हुसैन शांटो (कप्तान), तौहीद हृदोय, महमुदुल्लाह, जेकर अली, मेहदी हसन मिराज, रिशाद हुसैन, मुस्तफिजुर रहमान, तस्कीन अहमद, तंजीम हसन साकिब, महेदी हसन, शोरफुल इस्लाम, रकीबुल हसन, परवेज हुसैन इमोन।

976950cookie-checkबांग्लादेश के रउदे खातिर सूर्या के सेना तइयार, जानीं मौसम आ पिच रिपोर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.