[the_ad_group id="30365"]

क्रॉस वोटिंग करे वाला 6 कांग्रेस विधायक अयोग्य : हिमाचल स्पीकर बोललें- जनता 5 साल खातिर सरकार चुनलस; ई आयाराम-गयाराम कs रहल बा लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

क्रॉस वोटिंग करे वाला 6 कांग्रेस विधायक अयोग्य : हिमाचल स्पीकर बोललें- जनता 5 साल खातिर सरकार चुनलस; ई आयाराम-गयाराम कs रहल बा लो

हिमाचल विधानसभा के स्पीकर कुलदीप पठानिया राज्यसभा चुनाव में क्रॉस वोटिंग करे वाला 6 कांग्रेसी विधायकन के अयोग्य करार दे देले बाड़ें। ओह लोगन के पार्टी व्हिप के उल्लंघन के दोषी मानल गइल बा।

स्पीकर कहलें, “सरकार के जनादेश मिलल। जनता 5 साल खातिर सरकार चुनलस आ ई लोग आया राम, गया राम के पॉलिटिक्स कs रहल बा। अइसन ना होखे के चाहीं। ई लोग खुद एंटी डिफेक्शन लॉ के न्योता दिहल।”

अयोग्य करार दिहल गइल विधायकन में सुजानपुर से राजेंद्र राणा, धर्मशाला से सुधीर शर्मा, कुटलैहड़ से देवेंद्र भुट्‌टो, बड़सर से आईडी लखनपाल, लाहौल-स्पीति से रवि ठाकुर आ गगरेट से चैतन्य शर्मा सामिल बाड़ें।

ई लोग पार्टी प्रत्याशी अभिषेक मनु सिंघवी के जगह भाजपा के हर्ष महाजन के वोट देले बा लो। एसे सिंघवी राज्यसभा चुनाव हार गइलें।

अयोग्य घोषित विधायक शर्मा बोललें- कोर्ट जाएम सs, सरकार के गइल तय

स्पीकर के कार्रवाई पs अयोग्य करार दिहल विधायक सुधीर शर्मा कहलें कि हमनी के डरके राजनीति ना करेनी सs। प्रदेश के हित में सरकार के गइल तय बा। स्पीकर खुद डेढ़ घंटा सदन में ना अइलें। हमनी के साइन कइल हाजिरियो लागल बा। नोटिस खाली एगो सदस्य के भेजल गइल। हमनी के एकरा के कोर्ट में चुनौती देम सs।

सरकार गिरे के खतरा फिलहाल टलल

एह फैसला से हिमाचल के कांग्रेस सरकार गिरे के खतरा टल गइल बा। हिमाचल में कुल 68 विधायक बा लो। एह फैसला के बाद कांग्रेस के पास अब 34 MLA बांचल बा लो। भाजपा के 25 विधायक बा लो जबकि तीन निर्दलीय बा लो।

अगर तीन निर्दलीय आ भाजपा मिलत बा लो तबो 28 विधायक हो रहल बा लो। जदि फ्लोर टेस्ट के नौबत आइल तs कांग्रेस सरकार आसानी से बहुमत साबित कs ली।

हालांकि अगर विक्रमादित्य आ उनकर खेमा बगावत करत बा तs फेर सरकार खतरा में आ जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]