[the_ad_group id="30365"]

Nuh Violence Over All: करोड़न के संपत्ति लूट ले गइले उपद्रवी, 16 एफआईआर में एक हजार से बेसी के नाम; पांच के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिंसा के ममिला में पुलिस कार्रवाई करत एक हजार से जादे लोगन के खिलाफ 16 एफआईआर दर्ज कइले बिया। सोमार के भइल एह सांप्रदायिक हिंसा में अब तक जहां 60 लोग घायल भइल बा, ओहिजा पांच लोगन के मौत के पुष्टि प्रशासन कइले बा। मरे वालन में दु होमगार्ड आ तीन आम आदमी सामिल बा। दूसरका ओर सोमार के रात के लगावल गइल कर्फ्यू मंगरो के जारी रहल। सोमार के आधा रात के बाद पुलिस कइयन जगह दबिश देके करीब 30 आरोपियन के हिरासत में लेले बिया।

एह हिंसात्मक घटना में 100 से जादे छोटे बड़ वाहन, कइयन दुकानन, एगो ऑयल मील के जरा दिहल गइल। एकरा अलावे दंगाई हिंसा के बहाने करोड़न रुपिया के लूट कs चुकल बाड़ें सs। करीब पौने दु सौ हीरो के नया बाइक आ नगीना में ऑयल मिल से ऑयल के अलावे कइयन जगह लाखन के लूटपाट कइल गइल बा। आरोपियन के धरपकड़ आ शांति खातिर अर्धसैनिक बलन के 20 कंपनियन आ पुलिस बल के 20 कंपनियन के तैनात कइल गइल बा।

एसपी नरेंद्र सिंह ने चार्ज संभारतही आरोपियन के धरपकड़ सुरू कs देलें। बतावल जा रहल बा कि करीब 30 आरोपियन के पुलिस हिरासत में लेले बिया। ओह लोगन से पूछताछ कइल जा रहल बा। हालांकि अधिकारिक स्तर पs एकर अभी पुष्टि नइखे कइल गइल। मंगर के सबेरे पुलिस इलाका में फ्लैग मार्च निकललस।

नूंह के प्रभारी एसपी नरेंद्र सिंह बिजारणिया बतवलें कि लोगन में सुरक्षा के भावना जागृत करे के उद्देश्य से सबेरे-सांझ नूंह के अलग-अलग इलाकन में फ्लैग मार्च कइल जा रहल बा। सिविल पुलिस के संगही अर्धसैनिक बलन के जवानन के मुस्तैद कइल गइल बा। धारा-144 के पालन सुनिश्चित कइल जा रहल बा। दंगाइयन के देखते गोली मारे के आदेस दिहल गइल बा।

अफवाहन पs मत दीं धेयान, तत्काल दीं सूचना

नूंह के प्रभारी एसपी नरेंद्र सिंह बिजारणिया आम जन से अपील करत कहलें कि ऊ लोग अफवाहन पs धेयान मत देवे। जदि कही कवनो प्रकार के अप्रिय घटना हो जात बा तs जिला प्रशासन के तुरंत एकर सूचना दीं। लोग एकर सूचना हेल्पलाइन नंबर-112 8930900281 पs दे सकत बा।

शांति समिति के बैठक में अपील

डीसी अपना कैंप कार्यालय में शांति बैठक में उपस्थित लोगन से अपील करत कहलें कि ऊ लोग इस्थिति आ बेवस्था के आउर बेहतर करे में जिला प्रशासन के सहजोग करे। ऊ बैठक में उपस्थित कमेटी के सदस्यन से बेवस्था के बना के रखे के अपील कइलें। एह बैठक में ऊ कमेटी के सदस्यन से अपील करत कहलें कि लोगन के कानूनी प्रक्रिया में सहजोग करे खातिर प्रेरित कs के जिला प्रशासन द्वारा जारी आदेसन के पालन करवावे में सहजोग करीं।

ऊ कहलें कि दोषियन के पहचान कइल जा रहल बा, उपद्रवियन के कवनो हाल में बख्शल ना जाई। बैठक में विधायक फताब अहमद, वक्फ बोर्ड के प्रशासक जाकिर हुसैन, पूर्व विधायक पुन्हाना रहीशा खान, जिला प्रमुख जान मोहम्मद, तैयब हुसैन घासेड़िया, पूर्व डिप्टी स्पीकर आजाद मोहम्मद, जुबेर अलवी, रमजान चौधरी एडवोकेट सहित आउर लोग मवजूद रहे लो। एमे दोसर समुदाय से नाराज लोग ना पहुंचल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]