[the_ad_group id="30365"]

Train Accident: फतेहगढ़ साहिब सरहिंद में बड़ हादसा, दुगो मालगाड़ी आ एगो यात्री ट्रेन टकराइल; पायलट सहित कइयन घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के फतेहगढ़ साहिब में बड़ हादसा भइल बा। सरहिंद रेलवे स्टेशन से कूछे दूरी पs माधोपुर चौकी के लगे अतवार के भोरे करीब 3:30 रेल हादसा हो गइल। इहां दुगो गाड़ियन के टक्कर हो गइल। एगो माल गाड़ी के इंजन पलट गइल आ पैसेंजर गाड़ी चपेट में आ गइल।

हादसा में दुगो लोको पायलट घायल हो गइल लो। एह लोगन के पहचान सहारनपुर यूपी के विकास कुमार (37) आ हिमांशु कुमार (31) के तौर पs भइल बा। एकरा के 108 एंबुलेंस के मदद से सिविल अस्पताल फतेहगढ़ साहिब में भर्ती करावल गइल, जहां पs उनकर हालत गंभीर देखत डॉक्टर ओह लोगन के राजिंद्रा अस्पताल पटियाला रेफर कs दिहल लो।

सिविल अस्पताल फतेहगढ़ साहिब में मवजूद डॉक्टर इवेनप्रीत कौर बतावले कि विकास कुमार के माथा में हेड इंजरी आइल बा। हिमांशु के पीठ पs इंजरी बा, हालत गंभीर बा। गनीमत ई रहल कि एह हादसा में बड़ जानी नुकसान नइखे भइल।

जानकारी के मोताबिक, ई हादसा मालगाड़ियन खातिर बनल डीएफसीसी ट्रैक के न्यू सरहिंद स्टेशन के लगे भइल। इहां पहिले से कोयला से लोड दुगो गाड़ी खड़ा रही सs। एगो मालगाड़ी के इंजन खुलके दूसरका से टकराइल आ फेर इंजन पलटके अंबाला से जम्मू तवी के ओर जा रहल पैसेंजर गाड़ी समर स्पेशल में फंस गइल।

हादसा में मालगाड़ी के बोगी एक दूसरा पs चढ़ गइली सs। जइसही पैसेंजर गाड़ी के टक्कर भइल तs एमे सवार सइयन यात्रियन में चीख पुकार मच गइल। हादसा में दुगो लोको पायलट घायल भइल बा लो। दूसरका ओर अंबाला से लुधियाना अप लाइन बिलकुल ठप हो गइल बा। अंबाला डिवीजन के डीआरएम समेत रेलवे, जीआरपी आ आरपीएफ के सीनियर अधिकारी मवका पs पहुंचल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]