Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: ‘राम नाम सत्य बा…’, दुबई में बइठल तेजस्वी नीतीश कुमार के बढ़वलें टेंशन

42
Google Ads 300*250 for posts

Bihar Politics:तेजस्वी यादव बिहार में बढ़त अपराध पs नीतीश सरकार के घेरा में डाल रहल बाड़े। तेजस्वी यादव अपना सोशल मीडिया हैंडल पs अपराध के 143 घटना के सूची जारी कइले बाड़े, जवना में मुजफ्फरपुर, मुंगेर, बेगूसराय आ पटना समेत अउरी जिला में भइल अपराध शामिल बा। सरकार पs हमला बोलत उऽ कहले कि बिहार में अपराध लगातार बढ़ऽता।

विपक्ष के मानना बा कि बिहार में आपराधिक घटना में तेजी से बढ़ोतरी भइल बा। राज्य के कवनो ना कवनो हिस्सा में रोज कवनो ना कवनो अपराध के घटना होखता। प्रदेश नेता विपक्ष तेजस्वी यादव बहुत दिन से बढ़त अपराध के लेके सरकार के घेरा में डालत बाड़े। फिलहाल उऽ अपना परिवार के संगे दुबई में छुट्टी बितावत बाड़े। बाकिर सरकार के घेरा में डाले के कवनो मौका नइखन छोड़त।

राम नाम सत्य लिख के नीतीश सरकार के घेरले

बियफे के उनका एक्स हैंडल पs फेर अपराध के 143 घटना के सूची जारी भइल बा। तेजस्वी यादव अपना एह पोस्ट में लिखले बाड़े कि बिहार में अपराध के घटना निरंतर बढ़ रहल बा। नेता प्रतिपक्ष लिखले कि राम नाम सत्य, सुशासन के हऽ तथ्य अपराधियन के अर्घ्य।

967460cookie-checkBihar: ‘राम नाम सत्य बा…’, दुबई में बइठल तेजस्वी नीतीश कुमार के बढ़वलें टेंशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.