[the_ad_group id="30365"]

आपके हेल्थ अउर फिटनेस के ख्याल रखी OnePlus के नया स्मार्टवॉच, कीमत भी कम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

OnePlus पिछले साल आपन पहिला स्मार्टवॉच OnePlus Watch के लॉन्च कइले रहल। अब कंपनी आपन नया स्मार्टवॉच लावे के तैयारी क रहल बा। ई स्मार्टवॉच नॉर्ड सीरीज के होई अउर एहका नाम OnePlus Nord Watch होई। इंडियन यूजर्स खातिर गुड न्यूज ई बा कि वनप्लस नॉर्ड वॉच BIS यानी ब्यूरो ऑफ इंडियन स्टैंडर्ड्स पर लिस्टेड हो चुकल बा। BIS लिस्टिंग में अइले के बाद ई कहल जा सकत बा कि वनप्लस के एह नया वॉच के लॉन्च डेट ज्यादा दूर नाइ बा। फोन के लॉन्च डेट के बारे में कंपनी ने तरफ से अभिन कौनों ऑफिशियल जानकारी नाई देहल गइल बा। हालांकि, एही बीच टिपस्टर मुकुल शर्मा एहके फर्स्ट लुक के साथ कुछ खास फीचर्स के शेयर कइल बा। ई वॉच कई जरूरी हेल्थ अउर फिटनेस मोड्स के साथ आएगी।

एह फीचर्स के साथ आई नया वॉच

टिपस्टर मुकुल शर्मा के अनुसार वनप्लस नॉर्ड वॉच में कंपनी डेडिकेटेड ‘N Health’ ऐप देवे वाला बा। टिपस्टर ट्वीट में कुछ स्क्रीनशॉट्स के शेयर कइल बाने। स्क्रीनशॉट देख के कहल जा सकत बा कि वनप्लस के ई वॉच रेक्टैंगुलर डायल के साथ आई। कंपनी के पहिला स्मार्टवॉच यानी OnePlus Watch के डायल सर्कुलर रहल।

नया वॉच में आप के राउंडेड कॉर्नर्स के साथ मेटल फ्रेम देखे के मिली। एहके अलावा वॉच में मेन्यू नैविगेट करे खातिर एक क्राउन बटन भी देहल गइल बा। टिपस्टर के ट्विटर पोस्ट में एह वॉच के 6 वॉच फेसेज के भी देखल जा सकत बा। खास बात बा कि वॉच में कस्टम डायल के भी फीचर मिली, जेकरे मदद से यूजर कनेक्टेड डिवाइस में मौजूद कौनों फोटो के वॉच फेस के तौर पर सेट कs सकत बानी।

हेल्थ अउर फिटनेस के मॉनिटर करे खातिर भी एह वॉच में आप के कई जरूरी फीचर मिली। एहमें कंपनी SpO2 अउर हार्ट रेट सेंसर के साथ स्लीप ट्रैकिंग भी ऑफर करे वाली बा। साथ ही एहमें आउटडोर ऐक्टिविटीज खातिर कई मोड देहल जाई। एहमें से आउटडोर साइकलिंग अउर आउटडोर वॉकिंग के आप टिपस्टर के स्क्रीनशॉट में देख सकेनी। वॉच के कीमत के जहां ले बात बा, त ई 5 से 8 हजार रुपये के बीच के प्राइज टैग के साथ आ सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]