[the_ad_group id="30365"]

स्कूल में चिप्स खइला पs बेहोश भइल 9वीं कक्षा के छात्रा, एमजीएम अस्पताल में इलाज के दौरान मौत, जानीं घटना के बारे में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमशेदुपर: आदिवासी प्लस 2 हाई स्कूल सीतारामडेरा में पढ़े वाली 9वीं के छात्रा कृतिका कुमारी (14) के सनिचर के मौत हो गइल। मिलल जानकारी के मोताबिक ऊ हर दिन के तरे सनीचरो के स्कूल आइल रहे। एह दौरान स्कूल में चिप्स खइलस, जवना के बाद ओकर तबीयत बिगड़े लागल आ कुछे देर में ऊ बेहोश हो गइल। स्कूल के शिक्षक लोग पहिले ओकरा चेहरा पs पानी डाल के ओकरा के ठीक करे के कोसिस कइल लो बाकिर जब ऊ होश में ना आइल तs शिक्षक ओकरा के इलाज खातिर एमजीएम लेके आइल। जहां कृतिका दम तुड़ देली।

घटना के सूचना पाके कृतिका के परिजन एमजीएम अस्पताल पहुंचल लो बाकिर तब तक कृतिका मर चुकल रहे आ एकरा वजह से परिजन रोवत विलखते नजर आइल लो। ओहिजा डाक्टर लोग बतावल कि मौत कवना वजह से भइल बा एकर पता पोस्टमार्टम के बादे पता चली। बाकिर पहिला नजर में ई फूड प्वाईजनिंग के ममिला लागत बा।

पहिले पेट दरद भइल फेर बेहोश हो गइल:

कृतिका के क्लास में पढ़े वाली छात्रा लोग बतावल कि ऊ एगो क्लास होखे के बाद कृतिका अपना बैक से चिप्स निकाल के खाये लागल। एकरा बाद ऊ पेट में दरद होखे के बात कइलें आ कुछे देर में ऊ बेहोश हो गइल। एकर सूचना छात्रा शिक्षक लोगन के दिहल लो एकरा बाद शिक्षक आनन फानन में कृतिका के एमजीएम अस्पताल पहुंचलें। जहां डॉक्टर लोग न इलाज सुरूए कइले रहे लो कि कृतिका दम तुड़ देलस।

मरल बेटी के गरे लगा के रोवत नजर आइल लो परिजन:

छात्रा कृतिका कुमारी सीतारामडेरा थाना क्षेत्र के न्यू ले आउट एरिया के रहे वाली रहे आ पढे में बढ़िया रहे। कृतिका के बेमार होखे के सूचना मिलतही ओकर माता-पिता आ आउर परिजन एमजीएम अस्पताल पहुंचल लो। बाकिर जइसही बेटी के मौत के सूचना मिलल, सभे बिलख के रोवे लागल। मां तs बेटी के गले लगा लेली। एह घटना के देखके उहां मवजूद शिक्षक शिक्षिका आ छात्रा लोग ले रोवत नजर आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]