राज्यपाल के सामने परेड कs सकत बा लो RJD विधायक : राजभवन-सीएम हाउस के लगे बैरिकेडिंग कइल गइल ; कांग्रेस बोलल- भाजपा के 20 विधायक हमरा के संपर्क में

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 27, 2024

राज्यपाल के सामने परेड कs सकत बा लो RJD विधायक : राजभवन-सीएम हाउस के लगे बैरिकेडिंग कइल गइल ; कांग्रेस बोलल- भाजपा के 20 विधायक हमरा के संपर्क में बिहार में एह वक्त सियासी हलचल

Share

राज्यपाल के सामने परेड कs सकत बा लो RJD विधायक : राजभवन-सीएम हाउस के लगे बैरिकेडिंग कइल गइल ; कांग्रेस बोलल- भाजपा के 20 विधायक हमरा के संपर्क में

बिहार में एह वक्त सियासी हलचल जारी बा। आरजेडी आ जेडीयू गठबंधन टूटला के कयास लगावल जा रहल बा। दुनो दिन से अइसने संकेत मिल रहल बा। दिल्ली से लेके पटना में सुक 26 जनवरी रात तक बैठकन के दौर चलल। राबड़ी आवास पs लालू-तेजस्वी राजद कोटा के मंत्रियन के संगे बैठक कइल लो। एमे तेजस्वी कहलें कि आसानी से तख्तापलट ना होखे देम। एतना आसानी से दोबारा ताजपोशी ना होखे देम।

ओहिजा, नीतीश कुमार सीएम आवास पs अपना नेता लोगन के संगे मुलाकात कइलें। ओने, दिल्ली में बिहार के सियासी हलचल के देखते दिल्ली में बीजेपी के शीर्ष नेता लोग मीटिंग कइल। एमे पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, गृहमंत्री अमित शाह आ बीजेपी के महासचिव बीएल संतोष सामिल भइल बा।

बतावल जा रहल बा कि आरजेडी सनीचर के राज्यपाल के सामने विधायकन के परेड करा सकत बिया। ओहिजा, भाजपा सूत्रन के मानी तs नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे सकत बाड़ें आ अतवार 28 जनवरी के नउआ बेर सीएम पद के शपथ लेवे के रिकॉर्ड बना सकत बाड़ें। एकरा ले लेके बीजेपी पटना में आज विधायक दल के बैठक बोलवले बिया।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.