Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Moon: आसमान में लउकी दू गो चंद्रमा! धरती के मिली एगो आउर चांद

42
Google Ads 300*250 for posts

सौरमंडल में कई गो ग्रह बाड़ें। एह ग्रहन के लगे एक से अधिका चंद्रमा होला बाकिर पृथ्वी के एके गो चंद्रमा होला। अब एही बीच वैज्ञानिक लोग बहुत बढ़िया जानकारी देले बा। उनकर कहनाम बा कि पृथ्वी के जल्दिए तैरत चंद्रमा मिल सकऽता। मतलब कि कुछ समय खातिर पृथ्वी के दू गो चाँद रही। ई एगो बेहद दुर्लभ खगोलीय घटना हवे। एह घटना से पृथ्वी के गुरुत्वाकर्षण के ताकत के पता चल जाई। हालाँकि, ई आसमान में लउके वाला चंद्रमा नियर ना होखी बलुक ई एस्टेरॉयड के रूप में बेहद छोट होखी। छोट चंद्रमा के बनावे वाला एस्टेरॉयड के नाम 2024 PT5 बा।

वैज्ञानिक लोग एह एस्टेरॉयड के खोज 7 अगस्त 2024 के कइले रहले जेकर व्यास लगभग 10 मीटर बा। 29 सितंबर से 25 नवंबर ले एकरा पs पृथ्वी के गुरुत्वाकर्षण के असर पड़ी। एह दौरान ई एस्टेरॉयड पृथ्वी के चारों ओर घूमी, बाकिर एगो चक्कर पूरा ना कर पाई।

25 नवंबर 2024 के बाद ई पृथ्वी के गुरुत्वाकर्षण से बाहर निकल के फेर सुरुज के चारों ओर घूमी। अमेरिकन एस्ट्रोनोमिक सोसाइटी एह से जुड़ल एगो शोध पत्र प्रकाशित कइले बा। एमें शोधकर्ता एह खोज के विस्तार से बतवले।

जानीं पेपर में का लिखल बा ?

वैज्ञानिक लोग पेपर में लिखले बा कि पृथ्वी के नजदीक के वस्तु (Near Earth Objects) घोड़ा के नाल नियन रास्ता प चलेला। जब ई ग्रह के नजदीक आ कम सापेक्षिक वेग पर पहुँचे ला तब मिनी मून नाँव के घटना होला।

एकरे कारण एस्टेरॉयड के भूकेंद्रित ऊर्जा घंटन, दिन भा महीना ले नकारात्मक हो जाले। हालांकि पूरा परिक्रमा पूरा कइले बिना उऽ अपना राह पर चल जाला। क्षुद्रग्रह 2024 PT5 धरती के समान कक्षा वाला नियर अर्थ ऑब्जेक्ट्स सभ के हिस्सा हवे।

 

963430cookie-checkMoon: आसमान में लउकी दू गो चंद्रमा! धरती के मिली एगो आउर चांद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.