Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लेबनान में पेजर धमाका में 3000 घायल, आठ के मौत, जानीं का होला पेजर

315
Google Ads 300*250 for posts

लेबनान में बड़ा स्तर पs पेजर धमाका से आठ लोगन के मौत हो गइल। एह घटना में लगभग 3000 लोग के घायल होखे के सूचना बा। घायलन में अधिक संख्या में चिकित्सक समेत ईरान के राजदूत मुज्तबा अमानी शामिल बाड़े। इ घटना मंगर के हऽ। इ पेजर धमाका कइसे भइल, इहो अबहीं रहस्य बनल बा। लेबनान एह धमाका के दोषी इजरायल के बतवले बा।

एकसाथे फाटल 3 हजार पेजर

अइसन मानल जा रहल बा कि एह पेजेजरन में कइल गइल धमाका इजरायल के पहिले से निर्धारित योजना के परिणाम हऽ। लेबनान इ पेजर कुछ महीना पहिलही खरीदले रहे। एमें खुफिया तरीका से विस्फोटक सामग्री भा कवनो वायरस के इस्तेमाल कइल जाए के आशंका बा। एक साथ लेबनान में अलग-अलग स्थानन पs लगभग 3 हजार पेजरैंक में धमाका भइल बा, जवना के चलते एमें कवनो विस्फोटक सामग्री के होखल भा वायरस अटैको हो सकऽता। पेजर फाऽटे के लेके कई तरे आशंका जताबल जा रहल बा।

लेबनान के इजरायल पऽ आरोप

लेबनान में अचानक भइल पेजर धमाका से उहाँ के लोग स्तब्ध बा। सभे खातिर इ चौंकावे वाला बात बा कि अचानक अतना बड़ स्तर पs पेजरन में एक साथ धमाका कइसे हो सकऽता। एह हमला के दोषी लेबनान इजरायल के ठहरवले बा। इ संभव बा कि इजरायल पेजरन के माध्यम से लेबनान पs हमला कइले बा। एह मामला में इजरायल के सेना अब तक कवनो बयान नइखे दिहल गइल।

क्या होता है पेजर

पेजर एक तरह के संपर्क डिवाइस होला। इ मोबाइल फोन के जइसने होला, बाकिर एकरा से तनि मुनी छोट होला। पेजर के माध्यम से कवनो संदेश भेजल भा प्राप्त कइल जा सकऽता। पेजर के अधिकतर इस्तेमाल मोबाइल फोन के आवे से पहिले होत रहे। अब इ तकनीक अधिकतर प्रयोग में ना लिआवल जाला। पेजर में कवनो नंबर भा सिम कार्ड ना होला, जवना के खुफिया तौर पs संदेश भेजे खातिर अधिक प्रभावशाली माना जाला। पेजर के प्रयोग कई देशन में कइल जाला। भारतो में एकर प्रयोग कइल गइल रहे, बाकिर इ ढेर प्रचलन में ना आइल।

पेजर में धमाका के संभावित कारण

पेजर में धमाका के कई संभावित कारण हो सकत बा, जवना से एगो एमें कवनो विस्फोटक सामग्री के छुपावल बा। जदि पेजर में विस्फोटक सामग्री के छुपा दिहल जाव तऽ एमें विस्फोट हो सकऽता। इसका दूसरा संभावित कारण वायरस द्वारा हमला कइल हो सकऽता। एमें कुछ अइसन तकनीक भा वायरस के इंस्टॉल कइल गइल होखे, जवना के ऑपरेट कइला पs इ एक साथे धमाके करे में सक्षम हो सकऽता। पेजर में धमाके के एगो आउर कारण एमें इस्तेमाल होखे वाली लिथियम आयन बैटरियो एगो उच्च विस्फोटक के काम कऽ सकऽ तिया। आजकल सब इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस, खासकर मोबाइल फोन आ इलेक्ट्रॉनिक व्हीकल में लिथियम आयन बैटरी के प्रयोग कइल जाला, जवन अत्यधिक गर्म होखला पs विस्फोट कर सकऽता।

962160cookie-checkलेबनान में पेजर धमाका में 3000 घायल, आठ के मौत, जानीं का होला पेजर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.