Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

875
  1. बिहार: गया में CM नीतीश से उपेंद्र कुशवाहा पs सवाल; कहलें- उनका से कहीं लो… हमरा से बात कs लेस, पहिलहु 2-3 बेर छोड़के गइल बाड़े।
  2. बिहार: नीतीश कुमार खातिर ‘NO Entry’; BJP बोलल-राजनीति में उनकर उपयोगिता नइखे बांचल; डेराइल सीएम बाड़ें।
  3. उत्तर प्रदेश: मैनपुरी में जमीन विवाद में भाजपा नेता के भाई कइल लोग ताबातोड़ फायरिंग, एके परिवार के चार लोगन सहित पांच घायल।
  4. उत्तर प्रदेश: नोएडा स्टेडियम में आयोजित भइल रन फार जी-20 वाकथान, शहरवासी कदमताल कs के देखावल लोग एकजुटता।
  5. झारखंड: इनामी माओवादी समर दा के तलाश में बोकारो पहुंचल चाईबासा पुलिस, चिपकवलस इश्तेहार।
  6. LAC पs गरजी राफेल आ सुखोई: पूर्वोत्तर में 1 से 5 फरवरी के चली ‘ प्रलय’ युद्धाभ्यास; S-400 एयर डिफेंस स्क्वाडर्न तैनात।
  7. कर्नाटक भाजपा नेता मर्डर केस में PFI सामिल: NIA 20 सदस्यन के खिलाफ चार्जशीट दायर कइलस, 2047 तक भारत के बनावल चाहत बा इस्लामिक मुल्क।
  8. WFI के खेल मंत्रालय के जवाब: प्रदर्शनकारी खिलाड़ी दबाव बनावे खातिर बदनाम कर रहल बा लो; जांच के आश्वासन मिलला के बाद खतम भइल रहे धरना।
  9. मोदी पs बनल BBC के डॉक्यूमेंट्री ब्लॉक: केंद्र के अब ट्वीट शेयरिंग रोके के आदेस, कहलस- ई डॉक्यूमेंट्री छवि बिगाड़े वाला।
  10. भारत न्यूजीलैंड के 8 विकेट से हरवलस: सीरीज में 2-0 के बढ़त बनवलस, घर में लगातार 7वां वनडे सीरीज अपना नामे कइलस, रोहित शर्मा करियर के 48 वां अर्धशतक लगवलें।
443280cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.