Raid: बंगाल-झारखंड के कइयन जगहन पs ईडी के छापेमारी, बांग्लादेशी घुसपैठ से जुड़ल बा ममिला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

प्रवर्तन निदेशालय बांग्लादेशी घुसपैठ से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग ममिला के जांच के सिलसिला में मंगर के पश्चिम बंगाल आ चुनावी राज्य झारखंड के दर्जनन जगहन पs छापेमारी कइलस। दुनो राज्यन के 15 स्थानन पs ईडी

Share

प्रवर्तन निदेशालय बांग्लादेशी घुसपैठ से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग ममिला के जांच के सिलसिला में मंगर के पश्चिम बंगाल आ चुनावी राज्य झारखंड के दर्जनन जगहन पs छापेमारी कइलस। दुनो राज्यन के 15 स्थानन पs ईडी छापा मरलस। आधिकारिक सूत्र एकर जानकारी दिहल लो।

एजेंसी सितंबर में धन सोधन निवारण अधिनियम (पीएमएलए) के तहत एगो ममिला दर्ज कइले बा, जेमे झारखंड में बांग्लादेशी महिला लोगन के घुसपैठ के जांच के दौरान काला धन के खुलासा भइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा के आउर नेता लगातार झारखंड सरकार पs बांग्लदेशी घुसपैठ के बढ़ावा देवे के आरोप लगा रहल बा।

झारखंड में विधानसभा चुनाव के पहिला चरण में 43 सीटन पs बुध के मतदान होई, जबकि दूसरका चरण के तहत 38 सीटन पs 20 नवंबर के मतदान होई। बता दीं कि एजेंसी के ओर से दर्ज प्रवर्तन ममिला सूचना रिपोर्ट (ईसीआईआर) जून में रांची में बरियातु पुलिस स्टेशन में दर्ज झारखंड पुलिस के एगो प्राथमिकी पs आधारित बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.