Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बलिया में बाढ़ के कहर: गंगा के धारा से टूटल पुल के एप्रोच, गांव के संपर्क टूटल

228
Google Ads 300*250 for posts

बलिया जिला के बैरिया थाना क्षेत्र के कोडरहा नौब्रार जयप्रकाश नगर पंचायत के तिपुरी गांव जाए वाला पुल के दुनो ओर के एप्रोच गंगा नदी के बाढ़ में विलीन हो गइल। जवना के चलते गांव के बीच संपर्क खतम हो गइल बा। अइसना में गाँव के लोग में दहशत के माहौल बा।

बाढ़ से प्रभावित 27 गांव के 32 हजार आबादी

जिला के दुनो छोर प बहे वाली बड़ नदी गंगा आ सरयू के पानी के स्तर लगातार बढ़ऽता। दुनो नदी के पानी के स्तर खतरा के बिंदु पार कऽ गइल बा। गंगा आ घाघरा के अलावा छोट नदियन के पानी के स्तरो बढ़े लागल बा। एकरा चलते तटीय इलाका के गांव में पानी घुस गइल बा। लोग सुरक्षित जगह के ओर बढ़ रहल बाड़े। जिला के 27 गांव के 32 हजार आबादी आ लगभग 9500 हेक्टेयर जमीन बाढ़ से प्रभावित बा।

एकरा अलावा सरयू नदी के बाढ़ के चलते गंगा, सरयू आ टोंस नदी के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते 379 गांव के 4 लाख 23 हजार 234 से जादे लोग के आबादी प्रभावित होखता। एकर सीधा असर जिला के 6 तहसील के आबादी पs पड़sता। जिला में खतरा के बिन्दु से ऊपर गंगा, सरयू टोंस बह रहल बिया।

गंगा नदी बलिया सदर आ बैरिया तहसील के उजियार से लेके मांझीघाट तक के गांव प्रभावित कर रहल बा। बेल्थरोड, सिकंदरपुर, बांसडीह आ बैरिया तहसील गाँवन में सरयू तबाही मचा रहल बिया। टोंस नदी रसरा आ चितबरगांव इलाका आ मगाई सदर तहसील इलाका के कुछ गाँवन में आपन उग्र रूप देखावत बिया।

962120cookie-checkबलिया में बाढ़ के कहर: गंगा के धारा से टूटल पुल के एप्रोच, गांव के संपर्क टूटल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.